करीब 24 घंटा के बैटरी लाइफ, 16 जीबी रैम अवुरी 512 जीबी एसएसडी स्टोरेज से लैस एलजी ग्राम 14 लॉन्च

करीब 24 घंटा के बैटरी लाइफ, 16 जीबी रैम अवुरी 512 जीबी एसएसडी स्टोरेज से लैस एलजी ग्राम 14 लॉन्च

अलग अलग कारण से चर्चा में रह चुकल दक्षिण कोरिया के उपभोक्ता इलेक्ट्रॉनिक्स कंपनी एलजी के ग्राम 14 लैपटॉप आखिरकार सीईएस 2017 में लांन्च हो गईल। एकरे संगे कंपनी एगो हैरान करेवाला दावा कईलस की ओकरा ग्राम 14 लैपटॉप के बैटरी एक बेर के चार्ज में करीब 24 घंटा तक चली।

अब जदी ए लैपटॉप के फीचर के बात कईल जाए त एकर वजन मात्र 980 ग्राम बा, जबकि स्क्रीन 14 इंच फुल एचडी (1080X1920 पिक्सेल) आईपीएस डिस्प्ले बाटे। टचस्क्रीन के विकल्प के संगे मौजूद एलजी ग्राम 14 में इंटेल के अति आधुनिक कैबी लेक प्रॉसेसर बा, 16 जीबी रैम अवुरी 512 जीबी इंटरनल एसएसडी स्टोरेज बाटे।

एलजी अपना ए उत्पाद में 2 यूएसबी 3.0 पोर्ट, एक यूएसबी टाइप-सी पोर्ट, एक माइक्रोएसडी कार्ड स्लॉट, एक एचडीएमआई पोर्ट अवुरी वाई-फाई 802.11 एसी के कनेक्टिविटी फीचर से लैस कईले बिया।

लैपटॉप में बाकी फीचर में फास्ट चार्जिंग अवुरी विंडोज़ हैलो सपोर्ट के संगे फिंगरप्रिंट सेंसर के गिनल जा सकता।

स्नो व्हाइट अवुरी मेटल पिंक के कलर विकल्प में पेश एलजी ग्राम 14 लैपटॉप के कीमत के बात कईल जाए त दक्षिण कोरिया में एकरा के 1,420,000 कोरियन वॉन (करीब 80,900 रुपया) में खरीदल जा सकता। हालांकि, भारत में एकरा कीमत के बारे में फिलहाल कवनो जानकारी उपलब्ध नईखे, लेकिन जानकार मानतारे कि भारत में ए लैपटॉप के कीमत 80 हज़ार रुपया के आसपास होई।

जहां तक लैपटॉप के बैटरी लाइफ के हैरान करेवाला दावा के सवाल बा, ओकरा बारे में सफाई देत एलजी कहलस कि, लैपटॉप के बैटरी लाइफ इस्तेमाल करेवाला के काम करे के प्रकार अवुरी इच्छा प निर्भर करता, लेकिन लैपटॉप करीब 10 साल पुरान मानक के मुताबिक कंपनी के दावा के पूरा करी।

कुछ रिपोर्ट में कहल बा कि एलजी अपना ए लैपटॉप के बैटरी लाइफ के बढ़ाचढ़ा के देखावे बदे जवना मानक के इस्तेमाल कईले बिया उ 2007 के बा अवुरी ओकरा मुताबिक लैपटॉप के इस्तेमाल बिना वाई-फ़ाई अवुरी बहुत कम स्क्रीन ब्राइटनेस के संगे होखे के चाही।

हालांकि, एलजी साफ कईलस कि मानक के अलावे, आज के आम जरूरत में भी ए लैपटॉप के बैटरी 14 से 20 घंटा के बीच चली। एगो रिपोर्ट के मुताबिक, 2014 के मानक के मुताबिक एलजी ग्राम 14 के बैटरी कम से कम 17 घंटे तक चली। एलजी ए हैरान करेवाला आंकड़ा के समर्थन में कहलस कि, मटेरियल डिज़ाइन के वज़न में कमी के चलते लैपटॉप के बैटरी लाइफ में भारी सुधार भईल बा अवुरी एकर श्रेय कार्बन मैग्निशियम अलॉय अवुरी नयका डिस्प्ले टेक्नोलॉजी के जाता।

  • Share on:
Loading...