94 साल के उम्र में एमडीएच वाला दादा जी 21 करोड़ रुपया कमातारे

94 साल के उम्र में एमडीएच वाला दादा जी 21 करोड़ रुपया कमातारे

एमडीएच मसाला वाला दादा जी के भले ही असली नाम केहू ना जानत होई लेकिन पैकेट प छपल 'दादाजी' के फोटो से शायद ही केहू अंजान होई। लेकिन उनुका चेहरा के हरेक आदमी पहचानेले। हर घर के रसोई में आपन पहचान बनावे वाला दादा जी के नाम धर्मपाल गुलाटी ह। उ शायद देश के एकलौता सीईओ हवे जवन अपना उत्पाद के विज्ञापन करत देखाई देले।

एगो अंग्रेजी अखबार में छपल खबर के मुताबिक धर्मपाल गुलाटी भारतीय खुदरा बाजार में बिके वाला उत्पाद के रुप में सबसे अधिका वेतन लेवे वाला सीईओ हवे। पांचवी पास 94 साल के धर्मपाल गुलाटी पछिला वित्तीय वर्ष में 21 करोड़ रुपया सैलरी लिहले, जवन गोदरेज कंज्यूमर के आदि गोदरेज अवुरी विवेक गंभीर, हिंदुस्तान यूनिलिवर के संजीव मेहता अवुरी आईटीसी के वाई सी देवेश्वर से जादा बा।

धर्मपाल गुलाटी के कंपनी 'महाशियां दी हट्टी' जवन एमडीएच के नाम से जादा मशहूर ह, ए साल कुल 924 करोड़ रुपया के व्यापार कईलस। जवना में कंपनी के 213 करोड़ रुपया शुद्ध लाभ कमईलस।

पांचवीं पास धर्मपाल गुलाटी के 'दादा जी' चाहे 'महाशयजी' के नाम से जानल जाला। उनुकर पहचान एगो अयीसन मेहनती उद्यमी के तौर प बा जवन फैक्ट्री, बाजार अवुरी डीलर्स के नियमित दौरा करेले। जब तक उनुका ए बात के तसल्ली ना मिल जाल कि कंपनी में सब कुछ सही चलता, उनुका चैन ना पड़े। इहाँ तक कि रविवार के भी फैक्ट्री जाले।

एमडीएच में 80 प्रतिशत हिस्सेदारी गुलाटी के भीरी बा। दूसरकी पीढ़ी के उद्यमी धर्मापाल गुलाटी 60 साल पहिले एमडीएच में शामिल भईल रहले। धर्मापाल गुलाटी कहेले कि, "हमरा काम करे के पीछे इ प्रेरणा रहेला कि उपभोक्ता के कम से कम दाम में निमन से निमन उत्पाद उपलब्ध करावल जाए। हम अपना क्षमता के मुताबिक आपन वेतन के 90 प्रतिशत हिस्सा चैरिटी में देनी।"

धर्मपाल गुलाटी विभाजन के बाद भारत अईले अवुरी दिल्ली के करोल बाग आके बस गईले। पाकिस्तान के सियालकोट में इनका पिताजी चुन्नी लाल के छोट-मुट दोकान रहे। भारत अईला के बाद उ सबसे पहीले तांगा चलावे के काम शुरू कईले। धर्मपाल गुलाटी फेर एगो छोट मसाला के दोकान खोलले जवन करोड़ों में बदल गईल। गुलाटी के 1500 करोड़ के साम्राज्य में मसाला कंपनी, करीब 20 स्कूल अवुरी एगो अस्पताल शामिल बा।

देश के विभाजन के बाद धर्मपाल गुलाटी दिल्ली के करोल बाग में आके बसले अवुरी तब से आज तक उ भारत में 15 फैक्ट्री खोल चुकल बाड़े जवन करीब 1000 डीलर के रोज सप्लाई करेले। एमडीएच के दुबई अवुरी लंदन में भी ऑफिस बा। इ कंपनी लगभग 100 देश में अपना मसाला के निर्यात करेले।

  • Share on:
Loading...