आतंकी हाफिज सईद प पाकिस्तान के कारवाई आँख में धूर झोंके जईसन: मनीष तिवारी
- टीबीएच न्यूज़ |

मुंबई हमला के मुख्य आरोपी हाफिज सईद के पाकिस्तान में हिरासत में लिहला के बाद कांग्रेस के वरिष्ठ नेता मनीष तिवारी एकरा के आंख में धूर झोंकल बतवले।
पाकिस्तान से हाफिज सईद के भारत के सौंप देवे के मांग करत मनीष तिवारी कहले कि, हाफिज के खिलाफ पाकिस्तान के कार्रवाई सिर्फ एगो ढकोसला बाटे।
उ कहले कि जदी पाकिस्तान सचमुच हाफिज सईद के खिलाफ कवनो कर्रवाई कईल चाहता त तुरंत ओकरा के भारत के हवाले क देवे के चाही, नाही त इ आंख में धूर झोंके वाला बात होई।
अटलांटिक काउंसिल में पत्रकारन से बात करत कांग्रेस नेता कहले कि, हाफिज सईद के खिलाफ पूरा सबूत बा अवुरी समय-समय प एकरा के पेश कईल बा।
उ कहले कि, पछिला यूपीए सरकार के दौरान पाकिस्तान में अधिकांश आतंकी के हिरासत में लिहल रहे लेकिन बाद में पाकिस्तान सभके रिहा क दिहलस।
तिवारी कहले कि, आतंकवाद के समस्या के समाधान खाती अमेरिका के पाकिस्तान प दबाव डाले के चाही।
First Update: 23 February, 2017 12:50 PM