कूलपैड भारत में नाया स्मार्टफोन नोट 5 लाइट लॉन्च कईलस

कूलपैड भारत में नाया स्मार्टफोन नोट 5 लाइट लॉन्च कईलस

चीन के कंपनी कूलपैड भारत में नाया स्मार्टफोन कूलपैड नोट 5 लाइट लॉन्च कईलस। ए फोन में 8 मेगापिक्सेल के फ्रंट कैमरा बा, जवना के संगे फ्लैश दिहल गईल बा।

कूलपैड नोट 5 लाइट के दाम 8,199 रुपया बा अवुरी इ 21 मार्च से अमेजन इंडिया प मिली। इ स्मार्टफोन गोल्ड अवुरी ग्रे कलर में उपलब्ध होई।

ए फोन में 5 इंच के 720X1280 पिक्सेल रेजोल्यूशन वाला 2.5डी कर्व्ड ग्लास आईपीएस डिस्प्ले बा। एमे 1Ghz क्वाड-कोर मीडियाटेक एमटी6735सीपी प्रोसेसर के संगे 3GB रैम दिहल गईल बा।

ग्राफिक्स खाती माली 720 जीपीयू दिहल बा। ए फोन में डबल एलईडी फ्लैश के संगे 13 मेगापिक्सेल के पीछे वाला कैमरा दिहल गईल बा। फोन के पछिला भाग प फिंगरप्रिंट सेंसर मौजूद बा। डबल सिम वाला कूलपैड नोट 5 लाइट एंड्रॉयड 6.0 मार्शमैलो प आधारित कूल यूआई 8.0 प चलता।

कूलपैड नोट 5 लाइट में 16GB इंटरनल मेमोरी बा। एमे 64GB तक के माइक्रोएसडी कार्ड लगावल जा सकता। हैंडसेट में यूएसबी ओटीजी सपोर्ट बा। फोन के कनेक्टिविटी फीचरमें 4जी वीओएलटीई, वाई-फाई 802.11 बी/जी/एन, ब्लूटूथ वी4.0, 3.5 एमएम ऑडियो जैक अवुरी माइक्रो-यूएसबी शामिल बा।

  • Share on:
Loading...