मेटल बॉडी, फिंगरप्रिंट स्कैनर के संगे Moto G5 भारत में लॉन्च भईल

मेटल बॉडी, फिंगरप्रिंट स्कैनर के संगे Moto G5 भारत में लॉन्च भईल

मोटारोला आज दिल्ली में आपन नाया स्मार्टफोन Moto G5 के लॉन्च कईलस। एकरा के सबसे पहिले मोबाइल वर्ल्ड कांग्रेस के दौरान पेश कईल गईल रहे।

कंपनी भारत में एकर दाम 11,999 रुपया रखले बिया। इ स्मार्टफोन एल्यूमिनियम से बनल फुल मेटल डिजाइन में पेश कईल गईल बा। नाया स्मार्टफोन के होम बटन में फिंगरप्रिंट सेंसर दिहल गईल बा।

Moto G5 के अमेजन से 5 अप्रैल से एक्सक्लूसिव तौर प किनल जा सकता। Moto G5 खाती स्पेशल ऑफर अमेजन प्राइम मेंबर्स खाती दिहल गईल बा। जेमे प्राइम मेंबर के पे बैलेंस से लेला प 1 हजार रुपया के कैशबैक दिहल जाई अवुरी रेगुलर ग्राहक के 1000 रुपया के कैशबैक HDFC बैंक के क्रेडिट कार्ड से भुगतान कईला प मिली।

डबल सिम वाला Moto G5 आउट ऑफ द बॉक्स एंड्रायड 7.0 नूगट प काम करी। संगही एकरा के ल्यूनार ग्रे अवुरी फाइन गोल्ड कलर ऑप्शन में बाजार से किनल जा सकता।

ए स्मार्टफोन में 5-i इंच फुल-HD (1080x1920 pixels) डिस्प्ले अवुरी 1.4GHz स्नैपड्रैगन 430 प्रोसेसर दिहल गईल बा। एकरा के 3GB रैम अवुरी 32GB इंटरनल मेमोरी के संगे पेश कईल गईल बा, जवना के कार्ड के मदद से 128GB तक बढ़ावल जा सकता।

Moto G5 में Moto G5 PlUs के ओर से मोटो डिस्प्ले, एक्शन, ट्विस्ट जेस्चर अवुरी वन बटन नेवीगेशन मोड नीहन फीचर्स दिहल गईल बा।

कैमरा के बात कईल जाए त एकरा पीछे डबल LED फ्लैश, PDAF अवुरी f/2.0 अपर्चर वाला 13 मेगापिक्सेल के कैमरा दिहल गईल बा अवुरी सेल्फी खाती एमे वाइड एंगल कवरेज वाला 5 मेगापिक्सेल के कैमरा मौजूद बा। ए स्मार्टफोन में यूजर्स के फास्ट चार्जिंग सपोर्ट के संगे 2800mAh के बैट्री मिली।

कनेक्टिविटी के बात कईल जाए त एमे 4G VoLTE, Wi-Fi 802.11 a/b/g/n, GPS/ A-GPS, Bluetooth v4.2, Micro-USB, अवुरी 3.5mm हेडफोन जैक दिहल गईल बा।

  • Share on:
Loading...