भारत-बांग्लादेश के बीच एक रेल अवुरी 2 बस सेवा समेत 22 समझौता प हस्ताक्षर

भारत-बांग्लादेश के बीच एक रेल अवुरी 2 बस सेवा समेत 22 समझौता प हस्ताक्षर

कोलकाता से बांग्लादेश के खुलना तक ट्रेन चलावे समेत शनिवार के भारत अवुरी बांग्लादेश के बीच लगभग 22 समझौता प हस्ताक्षर हो गईल। एकरा में कोलकाता से खुलना के बीच रेल सेवा अवुरी 2 बस सेवा शामिल बा। प्रधानमंत्री नरेंद्र मोदी अवुरी बांग्लादेश के प्रधानमंत्री शेख हसीना संयुक्त रूप से खुलना-कोलकाता एक्सप्रेस ट्रेन के हरी झंडी देखा के रवाना कईले।

समझौता प हस्ताक्षर के बाद प्रधानमंत्री नरेंद्र मोदी अवुरी बांग्लादेश के प्रधानमंत्री शेख हसीना एगो साझा बयान जारी क ए समझौता के जानकारी देले। साझा बयान जारी करे के मौका प प्रधानमंत्री मोदी कहले कि, भारत लगातार बांग्लादेश के संगे सहयोग करत रही।

ए मौका प मोदी घोषणा कईले कि भारत, बांग्लादेश के 450 करोड़ डॉलर के कर्ज दिही। संगही उ कहले कि, दुनों देश आर्थिक मुद्दा प मिल के आगे बढ़ी। प्रधानमंत्री नरेंद्र मोदी उम्मेद जतवले कि भारत वुरी बांग्लादेश के बीच कड़वाहट लेयावे वाला तीस्ता जल विवाद जल्दीए सुलझ जाई।

प्रधानमंत्री नरेंद्र मोदी पड़ोसी देश के बिजली सप्लाई बढ़ावे के बात कईले। उ कहले कि, एकरा संगही बांग्‍लादेश के संगे दोस्ती के एगो नाया अध्याय शुरू हो गईल बा। मोदी कहले कि, भारत हमेशा बांग्‍लादेश के समृद्धि चाहेला अवुरी जरूरी बा कि दुनो देश संगे मिल के आतंकवाद के मुकाबला करे।

प्रधानमंत्री नरेंद्र मोदी कहले कि, दुनों देश के आतंकवाद से लड़के विजय पावे के बा। उ कहले कि, अब दुनों देश के अपना आर्थिक संबंध के अवुरी मजबूत कईला के जरूरत बा। मोदी कहले कि, "हमनी के कंपनी बांग्लादेश के कंपनी के संगे मिलके तेल सप्लाई प काम करतिया। हमनी के आगे चल के ए दिशा में समझौता करेके।"

प्रधानमंत्री मोदी ए बातचीत से पहिले बांग्लादेश के प्रधानमंत्री शेख हसीना के हैदराबाद हाउस में स्वागत कईले। चार दिवसीय भारत दौरा प आईल बांग्लादेश के प्रधानमंत्री शेख हसीना भारत में अपना शानदार आवभगत खाती नई दिल्ली के धन्यवाद कईली। उ कहली कि, "भारत अवुरी बांग्लादेश एक दूसरा खाती खास पड़ोसी देश ह। दुनों देश अपना-अपना सीमा के सुरक्षित करे खाती तत्पर बा।"

शेख हसीना कहली कि, दुनों देश ए क्षेत्र (दक्षिण एशिया) के शांति खाती खास बा। उ तीस्ता समझौता के दुनों देश खाती खास बतवली। मालूम रहे कि पछिला सात साल में इ शेख हसीना के पहिला भारत दौरा ह। एकरा से पहिले उ जनवरी 2010 में भारत आईल रहली।

  • Share on:
Loading...