पाकिस्तानी अदालत नौ सेना के पूर्व अधिकारी कुलभूषण जादव के मौत के सज़ा सुनवलस

पाकिस्तानी अदालत नौ सेना के पूर्व अधिकारी कुलभूषण जादव के मौत के सज़ा सुनवलस

पाकिस्तान में सोमवार के भारतीय नौ सेना के पूर्व अधिकारी कुलभूषण जादव के सजा-ए-मौत के सजा सुनावल गईल। कथित तौर प पछिला साल 3 मार्च, 2016 के बलूचिस्तान में गिरफ्तार कुलभूषण जादव के खिलाफ भारत खाती पाकिस्तान में जासूसी करे समेत बहुत गंभीर आरोप रहे।

बलूचिस्तान के प्रांतीय सरकार के ओर से कुलभूषण के खिलाफ दर्ज प्राथमिकी में उनुका प आतंकवाद अवुरी जासूसी के संगे पाकिस्तान के खिलाफ 'विध्वंसकारी' साजिश रचे के आरोप लगावल रहे।

क्वेटा के आतंकवाद निरोधक विभाग में जादव के खिलाफ दर्ज मामला में जादव के भारत के बाहरी सुरक्षा एजेंसी -रिसर्च ऐंड अनैलेसिस विंग (रॉ) के एजेंट होखे के दावा कईल रहे।

जादव के कथित गिरफ्तारी के समय पाकिस्तान कहले रहे कि अफगानिस्तान के सीमा से सटल बलूचिस्तान के चमान इलाका में ईरान से पाकिस्तान पहुंचल भारतीय नागरिक कुलभूषण जादव के गिरफ्तार कईल बा।

पाकिस्तानी सेना अपना दावा के पक्ष में जादव के कबूलनामा के एगो विडियो बयान जारी कईले रहे, जवना में एगो आदमी जवना के पाकिस्तान कुलभूषण जादव बतवलस, उ कहता कि – "हमार नाम कुलभूषण जादव ह अवुरी हम भारतीय नौसेना के सेवारत्त अधिकारी बानी।"

हालांकि, भारत के ओर से तब कहल रहे कि, कुलभूषण जादव भारतीय नौ सेना के रिटायर हवे, लेकिन उ फिलहाल भारत सरकार से जुडल कवनो संस्था चाहे विभाग से नईखन जुडल।

पाकिस्तान दावा कईले रहे कि, कुलभूषण जादव कबूल कईले बाड़े कि उ रॉ खाती काम करेले अवुरी बलूचिस्तान में तैनात रहले।

  • Share on:
Loading...