मुंबई हमला के मास्टर माइंड हाफिज सईद के पाकिस्तान आतंकवादी मान लिहलस

मुंबई हमला के मास्टर माइंड हाफिज सईद के पाकिस्तान आतंकवादी मान लिहलस

मुंबई हमला के मास्टर माइंड अवुरी जमात-उद-दावा के प्रमुख हाफिज सईद के पाकिस्तान आतंकी घोषित क दिहलस। पाकिस्तान के गृह मंत्रालय लाहौर हाई कोर्ट में हलफनामा देके साफ क दिहलस कि हाफिज सईद आतंकवाद अवुरी आतंकी गतिविधी से जुड़ल बाड़े।

हाफिज सईद लाहौर हाईकोर्ट में याचिका दाखिल कके कहले रहले कि, उनुका के बहुत महीना से गैर कानूनी तरीका से नजरबंद कके रखल गईल बा। ए याचिका प कोर्ट सरकार से जवाब मंगले रहे।

कोर्ट में गृहमंत्रालय के ओर से दाखिल कईल गईल हलफनामा में कहल गईल कि सईद के एंटी टेररिज्म एक्ट के तहत हिरासत में रखल गईल बा अवुरी उनुका खिलाफ अशांति फईलावे के बहुत सुबूत मौजूद बा।

मालूम रहे कि, हाफिज सईद के नवाज सरकार 30 जनवरी से लाहौर में नजरबंद क रखले बिया। सईद के नाम आतंकवाद रोधी अधिनियम (एटीए) के चउथा अनुसूची में शामिल बा। पाकिस्तान इ कदम पड़ोसी भारत, अमेरिका अवुरी संयुक्त राष्ट्र के दबाव के बाद उठवले रहे।

सईद मुंबई में भईल आतंकी हमला के जिम्मेदार हवे। ए हमला में 160 लोग के मौत भईल रहे। एमे बहुत विदेशी नागरिक शामिल रहले। एकरा के अमेरिका के ओर से जून 2014 में एगो विदेशी आतंकवादी संगठन घोषित कईल गईल।

  • Share on:
Loading...