पथरी के समस्या से छुटकारा देवेवाला घरेलू उपचार

पथरी के समस्या से छुटकारा देवेवाला घरेलू उपचार

गुर्दा (किडनी) में पथरी के समस्या आजकल आम हो चलल बा। एकर कारण खानपान में गलत आदत बाटे। नमक अवुरी बाकी खनिज (जवन हमनी के पेसाब में होखेला) कब एक-दूसरा के संपर्क में आवेला, या फेर जब संक्रमण (इन्फेक्शन) होखेला त पेसाब गाढ़ा हो जाला, जवन कि बाद में किडनी के भीतरी छोटे-छोटे पत्थर जईसन बन जाला। एही पत्थर जईसन देखाई देववाला के चीज़ के पथरी के नाम से जानल जाला।

पथरी अलग-अलग आकार के हो सकेला। छोट पथरी आमतौर प पेशाब के रास्ते शरीर के बहरी निकल जाला। लेकिन जब पथरी के आकार बड़ हो जाला त उ बहरी ना निकले पावेला। एकरा से पेसाब करे के समय बहुत दर्द होखेला। ध्यान रहे कि पथरी होखला के कवनो उम्र ना होखेला, इ कवनो उम्र में हो सकता। लेकिन इलाज आसान बा।

करईला भा करेला
करेला के हमनी के बोली में करईला कहल जाला। करईला अईसे त बहुत कसाव (कड़वा) होखेला लेकिन पथरी के इलाज में इ रामबाण निहन काम करेला। करेला में मैग्नीशियम अवुरी फॉस्फोरस पावल जाला, जवन पथरी के बने से रोकेला।

बथुआ
पथरी के इलाज में बथुआ के साग बहुत फायदा पहुंचावेला। आधा किलो बथुआ के साग के उबाल के पानी के छान लिही आ ए पानी में काली मिर्च, जीरा अवुरी सेंधा निमक मिलाके दिन में तीन-चार पीयला प बहुत आराम मिलेला।

नींबू
पत्थरी के दर्द होखला प 60 मिली लीटर नींबू के रस में ओतने मात्रा में शुद्ध जैतून के तेल मिला के सेवन कईला से आराम मिलेला।

अन्नानास खाए अवुरी ओकर जूस के रोज पियला से एक महीना में पथरी गल के निकल भी सकता।

हाँ एगो अवुरी बात जदी, केहु पथरी के समस्या से ज्यादा परेशान होखे त सबसे पहिले ओ आदमी के खूब पानी पीये के चाही। संगही, अयीसन चीज से परहेज कईल भी जरूरी बा, जवना में आयरन बहुत होखेला। सावधान ना रहला प परेशानी बहुत जादे बढ़ सकता।

अंगूर
अंगूर में एल्ब्यूमिन अवुरी सोडियम क्लोराइड बहुत कम मात्रा में होखेला ए चलते किडनी में पथरी के इलाज खाती अंगूर के बहुत निमन मानल जाला।

आंवला
आंवला पथरी में बहुत फायदा करेला। आंवला के चूर्ण मुरई (मूली) के संगे खाए से पथरी पेशाब के रास्ता के बहरी निकल सकेला।

पथरी के समस्या से छुटकारा पावे खाती केला जरूर खाए के चाही। केला में विटामिन बी 6 होखेला जवन की पथरी के गला के खतम क सकेला। जीरा अवुरी चीनी के बराबर मात्रा में पीसके एक-एक चम्मच जदी रोज ठंडा पानी के संगे तीन बेर लिहल जाए त पथरी निकल सकेला अवुरी आराम मिलेला।

  • Share on:
Loading...