अपना साथी के ज़रुरत से अधिक प्यार करेवाला लोग के रिश्ता जल्दी टूट जाला

अपना साथी के ज़रुरत से अधिक प्यार करेवाला लोग के रिश्ता जल्दी टूट जाला

आज के दौर में झट से प्यार भईल अवुरी फट से अलग हो गईल एगो साधारण घटना बन के रह गईल बा। एकरा पीछा के कारण के पता लगावे खाती भईल एगो शोध में पाता चलल कि दु लोग के बीच में ज़रुरत से जादे प्यार ओ लोग के अलग होखला के बड़ कारण बाटे।

प्यार से बनल रिश्ता अवुरी ओकरा बाद रिश्ता से अलग प भईल ए अध्ययन में बहुत हैरान करेवाला जानकारी मिलल।

अमेरिका के मिशीगन विश्वविद्यालय के मानव मनोविज्ञान विभाग के ओर से भईल ए अध्ययन में प्यार के रिश्ता के ब्रेकअप (रिश्ता टूटे) के कारण बतावल गईल। विशेषज्ञ के मानल जाए त यूरोप अवुरी अमेरिका जईसन देश में बियाह के टूटे के एगो बड़ कारण अपना साथी के जरूरत से जादे प्यार कईल बाटे।

ओईसे त सभकेहु जानता कि जब एक साथी बहुत जादे प्यार करेला त उ अपना दुसरका साथी से भी ओतने प्यार पावे के आशा करेला। लेकिन, जब दोसरका साथी ए बात के ना समझ पावेला त रिश्ता मुश्किल में पड़ जाला।

ए रिपोर्ट के मुताबिक, इ स्थिति दुनों खाती खतरनाक बा। अयीसन स्थिति में एक साथी त इ सोचेला कि ओकरा प्यार के कवनो कीमत नईखे जबकि दोसरका सोचेला कि ओकर आजादी छिनाता। इहे समस्या जब जादे बढ़ जाले त दुनो अलग होखे के राह खोजे लागेला।

प्यार कईल अवुरी ओकर इजहार कईल अलग बात बा लेकिन एकरा के केहू प थोपे के ना चाही। प्रेमी-प्रेमिका होखस चाहे पति-पत्नी, अपना साथी प जदी प्यार के थोपे के तनिकों कोशिश करीहे त रिश्ता बिझ बन जाई। आपके साथी जदी आपके प्यार के बदला में आपके मन मुताबिक प्रतिक्रिया नईखे देत त ओकरा से बात करी। जल्दबाजी में कवनो फैसला मत करी। ना त जल्दी के काम शैतान वाला हो जाई।

अपना रिश्ता के समय के संगे विकाशित करे के कोशिश करी। बहुत बेर देखे के मिलल बा कि लोग समय के संगे बहुत जादे बदल जाले लेकिन अपना साथी से उहे चाहत करेले, जवन कि रिश्ता के शुरूआत में रहे। एहसे बात करी, बात ना कईला प हो सकता उ एक दिन अतना परेशान हो जाए कि आपसे अलग होखे के मन बना लेवे।

  • Share on:
Loading...