चॉकलेट अवुरी केला खईला से हाई ब्लडप्रेशर अवुरी दिल के बेमारी से राहत मिल सकता

चॉकलेट अवुरी केला खईला से हाई ब्लडप्रेशर अवुरी दिल के बेमारी से राहत मिल सकता

लंदन में भईल एगो अध्ययन के मुताबिक जादे चॉकलेट खईला उच्च रक्तचाप (हाई ब्लड प्रेशर) में राहत मिलेला। हालांकि इ राहत सिर्फ मैग्नीशियम के अधिक मात्र के चॉक्लेट से मिलेला।

हर्टफोर्डशायर विश्वविद्यालय में भईल ए अध्ययन के मुताबिक, हाई ब्लड प्रेशर से दिल के बेमारी अवुरी हार्ट अटैक के खतरा बढ़ जाला। अध्ययन कर्ता दल के सदस्य कहले कि, डार्क चॉकलेट, केला अवुरी एवोकाडो में मैग्नीशियम भरपूर मात्रा में होखेला। एकरा के खईला से हाई ब्लड प्रेशर के काबू में राखल जा सकता।

विश्व स्वास्थ्य संगठन के आंकड़ा के मुताबिक अमेरिका में लगभग 7.50 करोड़ अवुरी लंदन में 1.6 करोड़ लोग हाई ब्लड प्रेशर से पीड़ित बाड़े। अध्ययन कर्ता दल के कहनाम बा कि, उमर बढला के संगे-संगे मैग्नीशियम के जरूरत घटे लागेला, असही कम उमर में जादे मैग्नीशियम के जरूरत परेला।

चॉक्लेट एही कमी के संतुलित मात्रा में पूरा करे में मदद क सकेला, बशर्ते उ डार्क चॉक्लेट होखे।

अध्ययन के नतीजा के जारी करत अध्ययनकर्ता दल लंदन में रहेवाला पुरुष खाती रोज 300 मिलीग्राम अवुरी महिला खाती 270 मिलीग्राम मैग्नीशियम के सेवन करे के सलाह दिहलस।

270 मिलीग्राम मैग्नीशियम के मतलब बा दस छोटे-छोटे केला चाहे 200 ग्राम डार्क चॉकलेट।

अध्ययनकर्ता दल के प्रमुख लिंडसे कास के मुताबिक, ब्लड प्रेशर के काबू में राखे में मैग्नीशियम प्रमुख कारक होखेला।

उ कहले कि, हमनी के अध्ययन से पता चलता कि कम मैग्नीशियम लेवे से उच्च रक्तचाप हो सकता। मैक्सिको के सेंटर फॉर रिसर्च एंड एडवांस्ड स्टडीज के शोध में पहिलही बतावल जा चुकल बा कि हड्डी के मजबूत बनावे में मैग्नीशियम मददगार होखेला।

  • Share on:
Loading...