कम दाम में उपबल्ध पांच शानदार स्मार्टफोन, जवन कि हाथ अवुरी जेब, दुनो के पसंद आई

कम दाम में उपबल्ध पांच शानदार स्मार्टफोन, जवन कि हाथ अवुरी जेब, दुनो के पसंद आई

देश में जईसे-जईसे मोबाइल फोन के बाज़ार बढ़ता, ओईसे-ओईसे स्मार्टफोन बनावे वाली कंपनी के बीच कम दाम में बेहतरीन स्मार्टफोन पेश करे के प्रयास तेज हो गईल बा। एकरे नतीजा बा कि आज 10,000 रुपया से कम कीमत अयीसन बहुत फोन मिल जाई जवन कि आपके जरूरत के पूरा क दिही।

पहिले जहां कम कीमत वाला स्मार्टफोन बाज़ार प देशी कंपनी के कब्जा रहे उहें अब ए वर्ग के ग्राहक के पहिला पसंद चीनी कंपनी बन गईल बाटे। पछिला महीना एही कड़ी में शाओमी के ओर से बहुत कम कीमत वाला 'रेडमी 4ए' पेश भईल त एकरा से टक्कर लेवे खाती सैमसंग 'गैलेक्सी जे3 प्रो' के पेश कईलस।

शाओमी रेडमी 4ए
भारत में तीन रंग के विकल्प में उपलब्ध शाओमी 'रेडमी 4ए' के कीमत 5,999 रुपया बाटे। शाओमी अपना ए स्मार्टफोन के 5 इंच के एचडी (720x1280 पिक्सेल) डिस्प्ले, 1.4 GHz क्वाड-कोर स्नैपड्रैगर 425 प्रोससर के संगे एड्रेनो 308 जीपीयू से लैस कईले बिया।

2 GB रैम अवुरी 16 GB के इंटरनल स्टोरेज क्षमता वाला ए रेडमी 4ए में पीडीएएफ, 5 लेंस-सिस्टम अवुरी अपर्चर एफ/2.2 के संगे 13 मेगापिक्सेल के मुख्य कैमरा अवुरी अपर्चर एफ/2.2 के संगे 5 मेगापिक्सेल के फ्रंट कैमरा बाटे।

सैमसंग गैलेक्सी जे3 प्रो
मेटल फिनिश में पेश सैमसंग 'गैलेक्सी जे3 प्रो' में 5 इंच के एचडी (720x1280 पिक्सेल) सुपर एमोलेड डिस्प्ले अवुरी 1.2 GHz क्वाड-कोर प्रोसेसर आ 2 GB रैम बाटे।

16 GB के इंटरनल स्टोरेज क्षमता वाला ए फोन मुख्य कैमरा एलईडी फ्लैश के संगे 8 मेगापिक्सेल के बाटे जबकि फ्रंट कैमरा 5 मेगापिक्सेल के बा।

शाओमी रेडमी 3एस प्राइम
शाओमी 'रेडमी 3एस प्राइम' पछिला साल पेश भईल रहे लेकिन अजूओ बहुत ग्राहक के पहिला पसंद बाटे। हालांकि एकरा के खरीदे में परेशानी हो सकता लेकिन खरीद लिहला के बाद पूरा संतुष्टि मिली।

शानदार बैटरी लाइफ वाला रेडमी 3एस प्राइम में 5 इंच के एचडी डिस्प्ले, 3 GB रैम, 32 GB इंटरनल स्टोरेज अवुरी 1.1 GHz ऑक्टा-कोर प्रोसेसर बाटे। फोन के मुख्य कैमरा 13 मेगापिक्सेल अवुरी फ्रंट कैमरा 5 मेगापिक्सल के बाटे।

लेनोवो के6 पावर
इहों फोन पछिला साल पेश भईल रहे, लेकिन अभियो एकर चमक-धमक कायम बाटे। लेनोवो के6 पावर में 5 इंच के फुल एचडी डिस्प्ले, 3 GB रैम अवुरी 32 GB के इंटरनल स्टोरेज के अलावे 1.4 GHz ऑक्टा-कोर प्रोसेसर बाटे। फोन के मुख्य कैमरा 13 मेगापिक्सेल अवुरी फ्रंट कैमरा 8 मेगापिक्सेल के बा।

कूलपैड नोट 3एस
करीब एक साल पहिले पेश भईल कूलपैड नोट 3एस में 5.5 इंच के एचडी डिस्प्ले, 3 GB रैम अवुरी 32 GB के इंटरनल स्टोरेज बाटे। ए स्मार्टफोन के मुख्य कैमरा 13 मेगापिक्सेल जबकि फ्रंट कैमरा 5 मेगापिक्सेल के बा।

  • Share on:
Loading...