किसान के मुद्दा प भाजपा के मुश्किल बढ़ल, शिवसेना सरकार गिरावे के धमकी दिहलस
- टीबीएच न्यूज़ |

किसान के मुद्दा प घेराईल भारतीय जनता पार्टी के मुश्किल ओकर सबसे पुरान सहयोगी इ कह के बढ़ा दिहलस कि जदी किसान के कर्जा ना माफ भईल त सरकार समय से पहिले चुनाव खाती तैयार रहे।
केंद्र अवुरी महाराष्ट्र सरकार में भाजपा के सहयोगी शिवसेना कहलस कि, किसान के कर्जा बिना शर्त पूरा तरीका से माफ होखे के चाही। एगो मराठी न्यूज चैनल से बातचीत में शिवसेना के सांसद संजय राउत कहले कि, जदी उनुकर पार्टी सत्ता छोड़ दिही त ओकरा प कवनो असर ना पड़ी।
राउत साफ-साफ कहले कि, जदी भाजपा समय से पहिले चुनाव नईखे चाहत त किसान के कर्ज माफ करे, ना चुनाव के हालत में हमनी के तैयारी भाजपा से बढ़िया बाटे। उ कहले कि जदी भाजपा अपना सरकार के बचावल चाहत होखे त उ किसान के कर्जा तुरंत माफ क देवे।
शिवसेना के इ बयान ओ समय में आईल बा जब महाराष्ट्र के देवेंद्र फडणवीस सरकार किसान के प्रदर्शन के चलते चारो ओर से होखत हमला के सहतिया। अलग-अलग मुद्दा प लगातार भाजपा के निशाना बनावे वाली शिवसेना कहलस कि, भाजपा किसान के मुद्दा के गंभीरता से लेवे अवुरी तुरंत एकरा प कार्रवाई करे।
ए महीना के पहिली तारीख से महाराष्ट्र के अहमदनगर ज़िला में गोदावरी नदी के किनारा बसल पुणतांबा गांव से शुरू भईल किसान आंदोलन अब राज्य के बहुत ज़िला के पसर चुकल बा। आंदोलन करत किसान कहतारे कि ओ लोग के मांग पूरा होखे तक इ आंदोलन चलत रही।
ओने किसानन के हड़ताल के 9 दिन बीतला के बावजूद अभी तक सरकार कवनो फैसला नईखे करे पावत। हालांकि शुक्रवार के मुख्यमंत्री देवेंद्र फडणवीस कर्जमाफी समेत बाकी मुद्दा प विचार करे खाती राजस्व मंत्री चंद्रकांत पाटील के अध्यक्षता में मंत्रिमंडल के उच्चस्तरीय समिति बनवले।
इ समिति किसान के कर्ज, न्यूनतम समर्थन मूल्य, एमएस स्वामीनाथन आयोग के रिपोर्ट के लागू करे अवुरी बुजुर्ग किसान के पेंशन देवे वाली मांग प विचार करी।
First Update: 10 June, 2017 04:21 PM