'सूट बूट, बैंड बाजा और बुलेट की सरकार' के हथियार से भाजपा प कांग्रेस के निशाना

'सूट बूट, बैंड बाजा और बुलेट की सरकार' के हथियार से भाजपा प कांग्रेस के निशाना

मोदी सरकार जहां अपना तीन साल के कार्यकाल के जश्न मनावतिया उहें कांग्रेस पार्टी एगो नाया नारा के संगे भाजपा अवुरी सरकार प हमला बोललस। कांग्रेस पार्टी अपना नारा में मोदी सरकार के 'सूट बूट, बैंड बाजा और बुलेट की सरकार' करार देत कहतिया, 'इ सरकार काम से जादे ढिंढोरा पीटे वाली सरकार बिया'।

दिल्ली विधानसभा चुनाव के समय तत्कालीन अमेरिकी राष्ट्रपति बाराक ओबामा जब भारत दौरा प आईल रहले त प्रधानमंत्री नरेंद्र मोदी एगो सूट पहिरले रहले, जवना प उनुकर नाम कढ़ाई में लिखल रहे।

ए सूट के मुद्दा बनावत तब कांग्रेस उपाध्यक्ष राहुल गांधी ए सरकार के नामकरण 'सूट-बूट के सरकार' के रूप में कईले रहले। ओ नारा के अयीसन असर भईल कि अब प्रधानमंत्री बहुत कम मौका प सूट में देखाई देवेले। राहुल के ए नारा के मतलब रहे कि मोदी सरकार सिर्फ पूंजीपति, जवन कि सूट-बूट में रहेले, ओ लोग के फायदा पहुंचावे खाती काम करतिया।

ताजा नारा में दुसरका शब्द बा 'बैंड बाजा'। विपक्ष के आरोप बा कि मोदी सरकार 3 साल में जवन काम कईलस ओकरा खाती खुद अपना शाबाशी देतिया। कांग्रेस पार्टी कहतिया कि सरकार जनता के पईसा प आपन झूठो के ढिंढोरा पिटतीया।

कांग्रेस पार्टी कहतिया कि जदी सरकार जनता के पक्ष में काम कईले बिया त जनता खुद ओकर गुणगान करी, सरकार आपन गुणगान अपने काहें करतिया?

कांग्रेस के नारा के अंतिम शब्द का 'बुलेट'। इ शब्द कुछुए दिन पहिले मध्य प्रदेश के मंदसौर में किसान प पुलिस के ओर गोली चलावे के घटना से आईल। ए घटना में पुलिस के गोली से 6 किसान के मौत हो गईल रहे।

पार्टी के कहनाम बा कि सरकार आपन हक मांगे वाला लोग के गोली मार देतीया। कांग्रेस के मांग बा कि सरकार स्वामीनाथन कमिटी के सिफ़ारिश के तुरंत लागू करे। वने किसान लागत का डेढ़ गुना समर्थन मूल्य अवुरी कम ब्याज पर कृषि ऋण के मांग के संगे अभियो मैदान में बाड़े।

कांग्रेस के प्रयास बा कि 'सूट बूट, बैंड बाजा और बुलेट की सरकार' के नारा के संगे मोदी सरकार के खिलाफ 'पूंजीपति के मदद करेवाली सरकार', 'गाल बजावे वाली सरकार' अवुरी 'किसान के गोली मारे वाली सरकार' के अवधारणा के जिंदा रहे।

अब ए कोशिश में कांग्रेस कतना कामयाब होई इ त समय बताई, लेकिन फिलहाल कांग्रेस के नारा सोश्ल मीडिया प बढ़त देखाई देता।

  • Share on:
Loading...