रिलायंस जियो के टक्कर देवे खाती रोज 4GB डाटा देवेवाली योजना आईल

रिलायंस जियो के टक्कर देवे खाती रोज 4GB डाटा देवेवाली योजना आईल

दूरसंचार बाज़ार में रिलायंस जियो के उतरला के बाद से मचल तूफान शांत होखे के नाम नईखे लेत। जियो के बढ़त बाज़ार अवुरी अभी तक लग लगभग मुफ्त वॉयस कॉल अवुरी तेज इंटरनेट से पार पावे खाती बाकी कंपनी रोज कवनो ना कवनो नाया प्लान के संगे ज़ोर-आजमाइश करता।

एही बीच सरकारी क्षेत्र के भारत संचार निगम लिमिटेड (बीएसएनएल) 3जी डाटा के बेजोड़ प्लान पेश कईलस। ए प्लान के तहत मात्र 444 रुपया में कंपनी 90 दिन तक रोज 4जीबी के 3जी डाटा उपलब्ध कराई।

'बीएसएनएल चौका – 444' नाम के इ प्लान स्पेशल टैरिफ वाउचर के रूप में कंपनी के प्रीपेड ग्राहक खाती उपलब्ध होई। ए प्लान के घोषणा करत बीएसएनएल के निदेशक आरके मित्तल कहले कि, "हमनी के अपना मोबाइल ग्राहक के किफ़ायती अवुरी बढ़िया सेवा खाती संकल्प लेले बानी। हमनी के अपना ग्राहक के दूरसंचार इंडस्ट्री के वर्तमान बाज़ार के मुताबिक बढ़िया दाम प सेवा के पेशकश कईले बानी।"

एकरा से पहिले बीएसएनएल 'ट्रिपल एस' नाम के एगो प्लान पेश कईले रहले जवना में ग्राहक के 333 रुपया में रोज 3जी के 3जीबी डाटा मिलत रहे। जबकि मुकेश अंबानी के रिलायंस जियो के अलग-अलग प्लान के तहत ग्राहक के सैकड़ो जीबी 4जी डाटा उपलब्ध करावल जाता।

जदी जियो के प्लान प नज़र डालल जाए त प्रीपेड में 19 रुपया से लेके 9,999 तक अवुरी पोस्टपेड में 309 रुपया से लेके 999 रुपया के मासिक किराया वाला प्लान बाटे। संगही, जदी ग्राहक रिलायंस के LYF ब्रांड के नया फोन खरीदता त ओकरा के 20 प्रतिशत अतिरिक्त डाटा दिहल जाई।

इहाँ याद राखे के बा कि जियो में वॉयस कॉल खाती कवनो शुल्क नईखे अवुरी उ पूरा तरीका से मुफ्त बाटे।

  • Share on:
Loading...