कुलभूषण जाधव के मामला के टाले वाला भारत के अनुरोध के अंतर्राष्ट्रीय न्यायालय ठुकरा देलस: पाक

पाकिस्तान में फांसी के सजा पावे वाला भारतीय नागरिक कुलभूषण जाधव

पाकिस्तान में फांसी के सजा पावे वाला भारतीय नागरिक कुलभूषण जाधव

पाकिस्तान गुरुवार के दावा कईलस कि अंतर्राष्ट्रीय न्यायालय (इंटरनेशनल कोर्ट ऑफ़ जस्टिस) भारत के ओ अनुरोध के ठुकरा देलस, जवना में कुलभूषण जाधव मामला के दिसम्बर तक टाल देवे के बात कहल रहल रहे।

पाकिस्तानी अखबार 'डौन' पाकिस्तान के अटॉर्नी जनरल अशतर औसफ अली के हवाला से कहलस कि, नीदरलैंड्स के वाणिज्य दूतावास से पाकिस्तान के जानकारी मिलल बा कि अंतर्राष्ट्रीय न्यायालय भारत से कुलभूषण जाधव मामला में 13 सितंबर तक जवाब देवे के कहले बा।

मालूम रहे कि अप्रैल महीना में पाकिस्तानी के सैनिक अदालत कुलभूषण जाधव के फांसी के सजा सुनवले रहे। भारत के अनुरोध ठुकरावे वाला आदेश के बारे में पाकिस्तान के अटॉर्नी जनरल कहले कि, "अंतर्राष्ट्रीय न्यायालय एगो चिट्ठी लिख अपना आदेश के जानकारी पाकिस्तान के दिहलस।"

उ कहले, "भारत अंतर्राष्ट्रीय न्यायालय से कहले रहे कि जाधव के मामला के सुनवाई दिसम्बर तक टाल दिहल जाए। हालांकि अदालत ए अनुरोध के ठुकरा देले बिया।"

पाकिस्तान के अटॉर्नी जनरल कहले कि "सुनवाई के टाले खाती भारत के दलील रहे कि इ केहु के जीनिगी अवुरी मौत मामला बा, जबकि पाकिस्तान कहलस कि अंतर्राष्ट्रीय न्यायालय अपील करेवाली अदालत ना ह।"

उ कहले कि, "अंतर्राष्ट्रीय न्यायालय के सिर्फ अतने तय करे के बा कि कुलभूषण जाधव के वकील उपलब्ध करावल जाए कि ना, जवना प जवाब देवे खाती 2-3 महीना के समय बहुत बा।"

मामला के जानकार सूत्र के हवाला से पाकिस्तानी अखबार के मुताबिक पाकिस्तान आपन जवाब दिसम्बर में दाखिल करी जबकि सुनवाई जनवरी 2018 में शुरू होई। एकरा से पहिले 18 मई के भईल सुनवाई में अंतर्राष्ट्रीय न्यायालय के 10 सदस्य वाली बेंच पाकिस्तान के कुलभूषण जाधव के फांसी देवे से रोके के आदेश सुनवले रहे।

ए मामला में पाकिस्तान के दावा बा कि कुलभूषण जाधव के बलोचिस्तान से 3 मार्च, 2016 के भारत खाती जासूसी करत गिरफ्तार कईल रहे। जबकि भारत के कहनाम बा कि पाकिस्तानी सेना कुलभूषण जाधव के ईरान से अपहरण क के ले आईल बिया।

  • Share on:
Loading...