भाजपा नेता के बेटा के बियाह में सरकारी अस्पताल के डॉक्टर के ड्यूटी लागल, उहो आदेश जारी क के

छत्तीसगढ़ के गृहमंत्री रामसेवक पैकरा

छत्तीसगढ़ के गृहमंत्री रामसेवक पैकरा

कुछ दिन पहिले बिहार के पूर्व मुख्यमंत्री अवुरी राजद सुप्रीमो लालू प्रसाद यादव के तबीयत बिगड़ला प पटना के इन्दिरा गांधी आयुर्विज्ञान संस्थान (IGIMS) के डॉक्टर के उनुका निवास प इलाज करे खाती भेजल रहे।

ए विषय में बिहार के विपक्षी दल खूब हो-हल्ला कईलस। भाजपा के वरिष्ठ सुशील कुमार मोदी, प्रेम कुमार अवुरी प्रदेश अध्यक्ष नित्यानंद राय तक लालू के निवास प डॉक्टर भेजला के निंदा कईले रहले।

लेकिन, भाजपा शासित छत्तीसगढ़ के गृहमंत्री रामसेवक पैकरा के बेटा के बियाह में कुछ अयीसन भईल जवन कि भाजपा के कथनी-करनी प सवाल खाड़ा क देता। रविवार के होखेवाला विवाह समारोह में सरकारी डॉक्टर के एगो फौज के ड्यूटी लगावल बा। उहो बाकायदा सरकारी आदेश जारी क के।

रायपुर के मुख्य चिकित्सा एवं स्वास्थ्य अधिकारी (सीएमओ) के ओर से जारी ए आदेश के तहत 5 डॉक्टर के टीम के मंत्री जी के बेटा के बियाह में रात के 8 बजे से समारोह के खतम होखे तक तैनात रहे के कहल बा। सीएमओ कार्यालय से 15 जून, 2017 के जारी ए आदेश के राज्य के विशेष सचिव (गृह एवं स्वास्थ्य यंत्रिकी विभाग) के ओर से 14 जून, 2017 के मिलल चिट्ठी क्रमांक 993/VIP के आधार प जारी कईल बा।

आदेश में कहल बा कि विशेष सचिव के चिट्ठी से मिलल सूचना के मुताबिक गृहमंत्री रामसेवक पैकरा के बड़ बेटा लवकेश पैकरा के बियाह रायपुर में वीआईपी रोड के सिल्वर स्प्रिंग रिज़ॉर्ट में 18 जून, 2017 के होखता। जवना के देखत जरूरी व्यवस्था खाती 18 जून, 2017 के सांझ 8 बजे से लेके समारोह के खतम होखे तक चिकित्सा दल के ड्यूटी लगावल जाता।

ए मामला में गृहमंत्री रामसवेक पैकरा कहले कि विवाह समारोह में चिकित्सा दल के तैनाती आधिकारिक ड्यूटी ना ह। इ सिर्फ समारोह में होखेवाली भीड़भाड़ के देखत कईल जाता। पैकरा दावा कईले कि जवन-जवन डॉक्टर बियाह के मौका प मौजूद रहीहे ओ लोग के बकायदा नेवता भेजल बा।

अब देखे के बा कि लालू के बेमारी प डॉक्टर अईला के मुद्दा बनावे वाली भाजपा का छत्तीसगढ़ के गृहमंत्री के बेटा के बियाह में डॉक्टर के तैनाती प का कहतिया? का उ एकरो ओसही विरोध करी जईसे लालू के मामला में कईले रहे?

  • Share on:
Loading...