भाजपा के चुनावी घोषणा पत्र में किसान के कर्जा माफी जईसन कवनो वादा ना रहे
- टीबीएच न्यूज़ |

किसान के मुद्दा प चारो ओर से घेराईल भारतीय जनता पार्टी अवुरी पार्टी के राज्य सरकार अब ए मुद्दा प आपन गर्दन बचावे लागल बिया।
उत्तराखंड के पिथौरागढ़ मे एगो किसान के आत्महत्या के बाद से आक्रामक भईल कांग्रेस के जवाब देत राज्य के भाजपा सरकार में सहकारिता राज्य मंत्री (स्वतंत्र प्रभार) धन सिंह रावत जवाब साफ-साफ शब्द में कहले कि, "भाजपा के चुनावी घोषणा पत्र में किसान के कर्जा माफ करे जईसन कवनो वादा ना रहे।"
अल्मोड़ा में सहकारिता विभाग के बैठक के बाद पत्रकारन से बातचीत करत धन सिंह कहले कि, हमनी के अधिकारी के साफ स्पष्ट निर्देश देले बानी कि उ कर्जदार किसान से कड़ा से पेश मत आवस। प्यार से किसान से बात करे के पड़ी अवुरी जदी एकरा से बात ना बनी त नोटिस जारी कईल जाई।
उ कहले कि, भाजपा सरकार किसान के एक लाख रुपया तक के कर्जा सिर्फ दु प्रतिशत ब्याज प देतिया, जवन की कर्जमाफी से कम नईखे।
धन सिंह कहले कि, केंद्र सरकार सहकारिता विकास खाती 18 सौ करोड़ रुपया देले बिया। जवना के बल प सहकारिता विभाग दु साल के भीतरी प्रत्यक्ष अवुरी अप्रत्यक्ष रूप से बड़ संख्या में लोग के रोजगार दिही।
पहाड़ी इलाका से होखत पलायन प मंत्री कहले कि पहाड़ से पलायन रोके खाती सामूहिक खेती के ओर जाए के पड़ी। संगही, सहकारी समिति के निर्देश दिहल बा कि उ किसान के दस हजार से लेके एक लाख रुपया तक कर्जा दिहल जाए।
First Update: 20 June, 2017 05:53 PM