मिर्गी के दवाई से याददाश्त कमजोर होखला के इलाज हो सकता

मिर्गी के दवाई से याददाश्त कमजोर होखला के इलाज हो सकता

अमेरिका के बोस्टन में हार्वर्ड टेक्निकल अस्पताल के शोध करेवाला याददाश्त कमजोर होखला के इलाज के नाया रास्ता खोज निकलले।

शोधकर्ता दल के दावा बा कि मिर्गी के दूर भगावे वाली दवाई से दिमाग के संज्ञानात्मक शक्ति फेर से ठीक हो सकता।

मालूम रहे कि याददाश्त कमजोर होखला (अल्जाइमर) प दिमाग संज्ञानात्मक शक्ति कम हो जाला। शोधकर्ता कहले कि जदी बेमारी के शुरुआती स्तर प पाता चल जाए त मिर्गी के इलाज में इस्तेमाल होखेवाला दवाई एकरा के दूर क सकता।

रिसर्च रिपोर्ट में कहल गईल कि अल्जाइमर पीड़ित आदमी में मिर्गी के खतरा बढ़ जाला। अल्जाइमर के आधा रोगी में ए बेमारी के प्रभाव देखल जाला।

अयीसन रोगी के इलाज के समय वैज्ञानिक पवले कि मिर्गी के दवाई दिहला प ए लोग के पीड़ित आदमी के दिमाग फेर से सामान्य तरीका से काम करे लागेला।

अब वैज्ञानिक इ पाता लगावे में जुटल बाड़े कि मिर्गी के दवाई के कवना तरीका से अल्जाइमर के इलाज में इस्तेमाल हो सकता अवुरी कईसे अल्जाइमर के प्रभावशाली इलाज हो सकता।

  • Share on:
Loading...