क्रिकेटर मोहम्मद शमी के घर प हमला, जान से मार देवे के धमकी

क्रिकेटर मोहम्मद शमी के घर प हमला, जान से मार देवे के धमकी

एगो सनसनीखेज घटना में कुछ लोग भारतीय क्रिकेटर मोहम्मद शमी के कोलकाता आवास प हमला कईले अवुरी उनुका संगे बदसलूकी कईले। शनिवार के रात भईल ए घटना के समय शमी अपना पत्नी संगे गाड़ी से घरे पहुंचल रहले।

कोलकाता के जादवपुर पुलिस थाना में मोहम्मद शमी के ओर से दर्ज करावल शिकायत में तीन लोग के आरोपी बनावल बा। शिकायत दर्ज होखला के बाद पुलिस तुरंत कार्रवाई करत तीनों आरोपी के गिरफ्तार क लेले बिया।

मीडिया रिपोर्ट के मुताबिक शनिवार के रात जब शमी अपना पत्नी संगे घरे पहुंचले। घरे पहुंचला के बाद शमी के ड्राईवर गाड़ी के पार्क करत रहे, एही बीच गाड़ी उहाँ पहिले खाड़ा कवनो बाइक से टकरा गईल।

बाइक में कार के सटला के बाद बाइक के मालिक शमी के ड्राईवर संगे बहस करे लागल, जवना के देख शमी मामला के शांत करावे के कोशिश कईले।

पुलिस के दिहल बयान में शमी कहले – "उ आदमी हमरा ड्राइवर के संगे बदसलूकी करत रहे. जब हम बीचबचाव के प्रयास कईनी त हमरा के गारी देवे लागल अवुरी कहे लागल कि जदी इहाँ रहे के बा त हमनी के हिसाब से रहे के होई।" शमी के मुताबिक झगड़ा करत युवक ओ समय शराब के नशा में रहे।

शमी बतवले कि, तब त मामला शांत हो गईल अवुरी उ लोग घर में ढूक गईले अवुरी खाना खाए के तैयारी करे लगले। एही मौका प झगड़ा करे वाला युवक अपना संगे तीन-चार गो लईकन के लेके पहुंचल अवुरी शमी के घर में ज़बरदस्ती ढूके के प्रयास करे लागल।

उ बतवले कि जब गार्ड ओ लईकन के घर में ढूके से रोकलस त उ लोग गार्ड संगे मारपीट कईले। एही मारपीट के बीच एगो युवक कसहूँ घर में ढूक गईल अवुरी धक्का-मुक्की करत जान से मार देवे के धमकी देवे लागल।

ए घटना के बाद मोहम्मद शमी जादवपुर थाना के सूचना दिहले, लेकिन पुलिस जब तक मौका प पहुंचे पाईत, तब तक सभ युवक फरार हो गईल रहले।

ऐने मामला दर्ज होखला के बाद आरोपी लोग के तलाश में जुटल पुलिस के शमी के घर में लागल सीसीटीवी कैमरा से बड़ मदद मिलल। बतावल जाता कि पूरा घटना सीसीटीवी कैमरा के माध्यम से रेकॉर्ड हो गईल रहे। पुलिस ए सीसीटीवी फूटेज के आधार प सभ आरोपी के पहचान करत तीन आरोपी के रविवार के गिरफ्तार क लिहलस।

  • Share on:
Loading...