खेसारी लाल यादव के गाना धूम मचवलस, मात्र तीन दिन में 12 लाख लोग देखले
- मनोरंजन ब्यूरो |
भोजपुरी के सुपरस्टार अभिनेता अवुरी गायक खेसारी लाल यादव ए घरी अपना एगो फिल्म के गाना संगे इंटरनेट प अयीसन धूम मचवले बाड़े कि, हो सकता इ गाना आवे वाला कुछ दिन में सभ रिकॉर्ड के ध्वस्त क देवे।
खेसारी लाल यादव अवुरी काजल राघवनी के फिल्म 'हम है हिंदुस्तानी' के गाना 'कटिहे जन फोन लोन लेके कईले बानी हो....' के यूट्यूब प अपलोड होखला के तीन दिन के भीतरी करीब 12 लाख बेर देखल जा चुकल बा।
निर्माता पल्लव –रोहन अवुरी देव पांडेय निर्देशित खेसारी के फिल्म 'हम हैं हिंदुस्तानी' के इ गाना फिल्म के रिलीज से पहिलही लोकप्रियता के सभ पैमाना के ध्वस्त करे के तैयारी में देखाई देता।
इंटरनेट प धूम मचावत इ गीत एगो चीज़ त साफ-साफ कहता कि एकरा के भोजपुरी संगीत के प्रेमी बहुत जादे पसंद करतारे।
खेसारी लाल यादव अवुरी काजल राघवानी प फिल्मावल ए गीत में खेसारी के संगे इन्दु सोनाली के आवाज़ सुनाई देता, जबकि गीत के रचयिता पवन पांडेय बाड़े।
ए फिल्म के ए गीत के अलावे के बाकी गीत के भी दर्शक पसंद करतारे, लेकिन ए गाना के सोझा बाकी गीत के लोकप्रियता औसत देखाई देता।
First Update: 20 July, 2017 10:17 PM