भाजपा महिला मोर्चा के अध्यक्ष पद से रूपा गांगुली के बिदाई

भाजपा महिला मोर्चा के अध्यक्ष पद से रूपा गांगुली के बिदाई

मशहूर टीवी अभिनेत्री, सांसद अवुरी भाजपा के महिला मोर्चा के प्रदेश अध्यक्ष रूपा गांगुली के उनुका पद से हटा दिहल गईल। पछिला साल महिला मोर्चा के कमान थामे वाली रूप के खिलाफ इ कार्रवाई उनुकर एगो बवाली के चलते भईल।

पश्चिम बंगाल भाजपा के महिला मोर्चा के अध्यक्ष रहल रूपा गांगुली के पद से हटवला के बाद लॉकेट चटर्जी के भारतीय जनता पार्टी महिला मोर्चा के प्रदेश इकाई के अध्यक्ष बनावल बा।

बलात्कार से जुडल मामला में एगो बवाली बयान देके चर्चा में आईल रूपा गांगुली के खिलाफ पश्चिम बंगाल में पुलिस केस भी दर्ज भईल बा अवुरी देश के तमाम भाजपा विरोधी दल रूप के ए बयान के कडा शब्द में निंदा करता। संगही, रूपा के खिलाफ एगो दोसर मामला में सीआईडी जांच भी शुरू भईल बा।

मालूम रहे कि कानून-व्यवस्था के मामला में राज्य के ममता सरकार के आलोचना करत रुपा कहले रहली कि "हम तृणमूल के समर्थन करेवाला सभ दल अवुरी नेता से कहल चाहतानी कि उ लोग अपना बहू-बेटी, पत्नी-भौजाई के बंगाल में रहे खाती भेंजी। जदी 15 दिन भीं बिना बलात्कार भईले बीत जाए त आके हमरा के बताईब।"

रूपा के पद से हटावे के मामला में पश्चिम बंगाल भाजपा के प्रदेश अध्यक्ष दिलीप घोष के कहनाम बा कि इ फेरबदल अगिला साल होखेवाला पंचायत चुनाव के देखत भईल बा अवुरी ए फेरबदल के रूपा के बयान से कवनो लेनदेन नईखे।

उ कहले कि लॉकेट चटर्जी समेत बहुत नेता के सचिव आ महासचिव पद के जिम्मेवारी के संगे संगठन में नाया चेहरा शामिल कईल बा।

घोष कहले कि चूंकि रूपा गांगुली सांसद बाड़ी एहसे उनुकर अधिकांश समय दिल्ली में बीतेला। ए सभके देखत उनुका के संगठन के मजबूत करे के जिम्मेवारी देत लॉकेट चटर्जी के उनुकर पदभार दिहल गईल।

  • Share on:
Loading...