लालू बिहार के अवुरी सोरेन परिवार झारखंड के लूटलस: रघुवर दास

लालू बिहार के अवुरी सोरेन परिवार झारखंड के लूटलस: रघुवर दास

झारखंड के मुख्यमंत्री रघुवर दास कहले कि, वंशवाद के राजनीति के चलते भ्रष्टाचार के बढ़ावा मिलल बा। लालू परिवार बिहार के अवुरी सोरेन परिवार झारखंड के लूटले बा। आदिवासी हित के बात क सोरेन परिवार आदिवासी के संगे छल कईले बा।

रघुवर दास कहले कि, भ्रष्टाचार से जुड़ल मामला में राज्य में 1000 दिन में जेतना गिरफ्तारी भईल बा ओतना पछिला 14 साल में नईखे भईल। हालांकि उ कबूल कईले कि निचला स्तर प भ्रष्टाचार अभीयो कायम बा। उ कहले कि एकरा के खत्म करे खाती सरकार काम करतीया। भ्रष्टाचार से सरकार कवनों समझौता ना करी।

मुख्यमंत्री झारखंड में बिजली, शुद्ध पेयजल, खेती प कहले कि समूचा राज्य में अभी बिजली के समस्या बा। साल 2018 तक राज्य के हरेक घर तक बिजली पहुंचावे खाती एकर रुपरेखा तैयार क एकरा से जुड़ल अधिकारी के निर्देश दिहल गईल बा।

झामुमो प निशाना साधत रघुवर दास कहले कि उ चाहत रहले कि गांव तक बिजली मत पहुंचे, जवना से ग्रामीण क्षेत्र के विकास मत होखे अवुरी बहला फुसला के वोट लिहल जा सके।

उ कहले कि देश के बहुत बड़ भाग में पीए के शुद्ध पानी नईखे। प्रधानमंत्री के ओर से शुद्ध पेयजल खाती हरेक साल 1050 करोड़ रुपया दिहल जाता। जलसंचय से जुड़ल अभी तक कवनो सरकार काम ना कईले रहे। केंद्र के सरकार जलसंचय से जुड़ल योजना बनवलस आ एकरा प काम शुरू कईलस।

मुख्यमंत्री कहले कि, साल 2022 तक न्यू इंडिया बनावे के संकल्प लिहल गईल बा। संगही न्यू झारखंड के निर्माण सही समय तक होई। सरकार समूचा राज्य में ए साल 22 करोड़ फलदायक पौधा लगावे के लक्ष्य रखले बिया।

रघुवर दास कहले कि, भाजपा में आचरण आ व्यवहार हरेक कार्यकर्ता के पूंजी ह। कुछ करे के जज्बा लेके लोग भाजपा में आवेले। भारत के ऊंचाई प पहुंचावे के जिम्मेवारी सभका प बा।

  • Share on:
Loading...