मनोज तिवारी प हमला, हाथ में चोट पहुंचल, चश्मा टूटल

मनोज तिवारी प हमला, हाथ में चोट पहुंचल, चश्मा टूटल

भाजपा के दिल्ली प्रदेश इकाई के अध्यक्ष अवुरी उत्तरी पूर्वी दिल्ली से सांसद मनोज तिवारी प शनिवार के रात कुछ लोग हमला बोल दिहले। घटना के समय मनोज तिवारी पश्चिमी दिल्ली के बवाना विधानसभा उपचुनाव में भाजपा उम्मीदवार के समर्थन में एगो जनसभा के संबोधित करत रहले।

जानकारी के मुताबिक शनिवार के रात बवाना में एगो जनसभा के दौरान जब मनोज तिवारी के भाषण चलत रहे त अचानक कुछ लोग उनुका के लकड़ी के छोटे-छोटे टुकड़ा अवुरी पत्थर फेंके लगले। ए हमला में तिवारी के हाथ में मामूली चोट पहुंचल जबकि पत्थर लागे से उनुकर चश्मा टूट गईल।

भाजपा कार्यकर्ता बबीता राठौड़ के ओर से नरेला थाना में दर्ज करावल प्राथमिकी के मुताबिक हमला करेवाला लोग भीड़ के फायदा उठावत लकड़ी के टुकड़ा अवुरी पत्थर फेंकला के बाद मौका से फरार हो गईले।

घटना के समय मौका प मौजूद लोग के मुताबिक मंच प फेंकात पत्थर के बीच मनोज तिवारी अपना भाषण के जारी रखले अवुरी लोग से शांति बना के राखे के अपील करत कहले कि 'चिंता के कवनो बात नईखे, सब ठीक बा।'

ए मामला में भाजपा के आरोप बा कि विरोधी दल पार्टी के बढ़त लोकप्रियता से हताश हो चुकल बा अवुरी एही से गुंडा भेज के हमनी के नेता हमला करवावता। पार्टी के नेता कहले कि विरोधी चाहे जतना हिंसा करस, भाजपा डेराए वाली नईखे। हमनी के विकास के काम करत रहेके, बेशक बाकी लोग कतनो बाधा खाड़ा क देस।

मालूम रहे कि आम आदमी पार्टी के पूर्व विधायक के पार्टी अवुरी विधानसभा से इस्तीफा दीहला के बाद खाली भईल बवाना सीट प 23 अगस्त के मतदान होई, जबकि नतीजा 28 अगस्त के आई।

  • Share on:
Loading...