सभ बाइक से एकदम अलग टीवीएस अपाचे RR310S के आहट सुनाए लागल

सभ बाइक से एकदम अलग टीवीएस अपाचे RR310S के आहट सुनाए लागल

देश के प्रमुख दुपहिया निर्माता, टीवीएस मोटर्स कथित तौर प अपना अपाचे सिरीज़ में एगो नाया बाइक पेश करे के तैयारी में बिया। टीवीएस अपाचे RR310S के नाम से पेश होखेवाली ए बाइक के बारे में मिलल जानकारी के मुताबिक बाइक के फीचर, रूप-रेखा अवुरी कीमत बाकी बाइक से अलग होई।

नाया तकनीक, नया लूक अवुरी नया अंदाज़ में पेश होखेवाली बाइक से जुडल तमाम जानकारी के आधार एगो चित्र बा। हालांकि कंपनी के ओर से अभी तक बाइक के लेके ना त कवनो आधिकारिक घोषणा भईल बा, ना ए खबर खारिज कईल बा। जानकार बतावतारे कि कंपनी ए बाइक से पेश करे से पहिले एगो कम कीमत वाली बाइक के पेश करी।

टीवीएस मोटर्स अवुरी बीएमडबल्यू के संयुक्त कोशिश से विकसित अपाचे RR310S बहुत कुछ बीएमडब्लयू G310R निहन होई। मीडिया रिपोर्ट के मुताबिक टीवीएस ए बाइक के अपना तमिलनाडू के होसर प्लांट में बनावतिया।

रिपोर्ट के मुताबिक 34बीएचपी के ताकत अवुरी 28 Nm के टार्क पैदा करेवाला 313 सीसी सिंगल सिलेंडर अवुरी लिक्विड कूलिड इंजन से लैस ए बाइक के कीमत 2 लाख रुपया के आसपास हो सकता।

हालांकि एकरा के बाज़ार में उतारे के कवनो आधिकारिक घोषणा नईखे भईल लेकिन संभावना बा कि कंपनी एकरा के सितंबर महीना के बाद दिवाली के आसपास बाज़ार में उतारी।

  • Share on:
Loading...