वातानुकूलित कमरा में बईठ के नीति बनवला से समाज के कल्याण ना होई

वातानुकूलित कमरा में बईठ के नीति बनवला से समाज के कल्याण ना होई

झारखंड के भाजपा सरकार प जोरदार हमला करत झारखंड नवनिर्माण दल (जेएनडी) के संयोजक विजय सिंह कहले कि वातानुकूलित (एसी) रूम में बईठ के नीति बनवला से समाज के कल्याण ना होई।

रविवार के गुमला के हड़ताली वृक्ष समाहरणालय के नजदीक आयोजित झारखंड नवनिर्माण दल आ महिला मंडल सहयोग संचालन समिति के बैठक के संबोधित करत जेएनडी के संयोजक विजय सिंह कहले कि 25 सितंबर के आयोजित होखेवाला विशाल जनपंचायत में महिला, मजदूर, किसान अवुरी नौजवान समेत समाज के प्रबुद्ध लोग भारी संख्या में भाग लिहे अवुरी एकरा खाती जोर-शोर से तैयारी चलता।

विजय सिंह कहले कि झारखंड में लोग के विकास खाती ठोस काम करे के जरूरत बा। उ कहले कि उंच-उंच बिल्डिंग अवुरी एसी रूम में बईठ के योजना बनावे से झारखंड के लोग के कवनो भला ना होई।

झारखंड में शराबबंदी अवुरी महिला उत्पीड़न समेत बाकी सामाजिक बुराई प कानून रोक लगावे के मांग करत विजय सिंह कहले कि महिला मंडल के कर्ज ना चाही। महिला के रोजगार अवुरी अनुदान देके स्वरोजगार के बढ़ावा देवे, जनसमस्या के समाधान अवुरी भ्रष्टाचार विरोधी मांग के लेके 25 सितंबर के जन पंचायत कार्यक्रम आयोजित कईल जाई।

उ कहले कि महिला मण्डल जनपंचायत के लेके आपन तैयारी करतिया, जबकि झारखंड नवनिर्माण दल गुमला के प्रखंड स्तर से भारी संख्या में लोग के जनपंचायत में पहुंचावे के इंतजाम में लागल बिया।

  • Share on:
Loading...