आरक्षण हमनी प कृपा ना, अधिकार ह, केहु छीन नईखे सकत: चिराग

आरक्षण हमनी प कृपा ना, अधिकार ह, केहु छीन नईखे सकत: चिराग

जमुई के लोजपा सांसद चिराग पासवान रविवार के कहले कि आरक्षण हमनी से केहु नईखे छीन सकत काहेकि इ हमनी प कृपा ना, हमनी के अधिकार ह। विपक्षी दल आरक्षण खत्म होखे के बात कह के लोग के गुमराह करतारे। अयीसना तत्व के पहचान क उनुका से सचेत रहला के जरूरत बा।

धनबाद के न्यू टाउन हॉल में बाबा वीर चौहरमल महोत्सव के मुख्य अतिथि के तौर प आईल चिराग पासवान कार्यक्रम के संबोधित कईले। कार्यक्रम के आयोजन बाबा वीर चौहरमल महोत्सव समिति आ पासवान परिवार कईले रहल।

लोक जनशक्ति पार्टी के नेता अवुरी केंद्रीय मंत्री राम विलास पासवान के बेटा चिराग कहले कि हम खुद प्रधानमंत्री से मिल के युवा आयोग के गठन करे के मांग कईले बानी। जदी इ बन गईल त आयोग अभिभावक के भूमिका निभाई। जवन लोग बेरोजगार बाड़े, उनुका के बेरोजगारी भत्ता मिली अवुरी जवना लोग के खुद रोजगार करे के होई उनुका खाती आयोग व्यवस्था करी।

चिराग पासवान प्रधानमंत्री नरेंद्र मोदी अवुरी रघुवर सरकार के तारीफ करत कहले कि देश के पहिला प्रधानमंत्री नरेंद्र मोदी बाड़े जे महिला खाती सोचले बड़े। जवन महिला लकड़ी अवुरी पतई से खाना बनावत रहली, उ महिला अब उज्ज्वला योजना के तहत गैस प खाना बनावतारी। एकरा से उनुकर स्वास्थ्य ठीक रही।

उ कहले कि राज्य में जाति अवुरी आवासीय प्रमाण पत्र नईखे बनत एकरा खाती उ खुद मुख्यमंत्री से मिल के बात करीहे अवुरी निहोरा करीहे कि एकरा के जल्दी-से-जल्दी शुरू कईल जाए ताकि युवा के कवनों परेशानी मत होखे।

  • Share on:
Loading...