पद अवुरी जिम्मेवारी से जादे जरूरी भाजपा के भ्रष्ट शासन से जनता के मुक्त करावल बा: कमलनाथ

पद अवुरी जिम्मेवारी से जादे जरूरी भाजपा के भ्रष्ट शासन से जनता के मुक्त करावल बा: कमलनाथ

आलाकमान अवुरी कांग्रेस पार्टी के बहुत बड़ राहत देत पार्टी के वरिष्ठ नेता अवुरी पूर्व केंद्रीय मंत्री कमलनाथ कहले कि, जदी पार्टी मध्य प्रदेश के कमान ज्योतिरादित्य सिंधिया के दे देवे त उनुका तनिकों तकलीफ ना होई। उ कहले कि मुद्दा पद अवुरी जिम्मेवारी के नईखे, उनुकर मकसद मध्य प्रदेश के भ्रष्ट भाजपा सरकार के उखाड़ फेंकल बा।

कमलनाथ कहले कि आज पूरा देश में प्रधानमंत्री नरेंद्र मोदी अवुरी भाजपा के खिलाफ माहौल बन चुकल बा अयीसना में मध्य प्रदेश से भाजपा के फेंके खाती कांग्रेस एकजुट बिया। उ कहले कि मध्य प्रदेश के विधानसभा में पार्टी के चेहरा के बनी से जादे जरूरी जनता के भाजपा शासन से मुक्ति दियावल बा।

कांग्रेस पार्टी के वरिष्ठ नेता अवुरी मध्य प्रदेश में पार्टी के ओर मुख्यमंत्री पद के दावेदार लोग में गिनाए वाला कमलनाथ के ए बयान के बाद राज्य के राजनीति में फेर से गरमाहट आ गईल बा। मानल जाता कमलनाथ अपना ए बयान से राज्य में ज्योतिरादित्य सिंधिया खाती राह खोलत आलाकमान के दुविधा के खत्म क देले बाड़े।

  • Share on:
Loading...