मोदी 'झूठा' हवे, पीयूष गोयल एकदम बेकार, बुलेट ट्रेन ना बने देब: राज ठाकरे
- एजेंसियां |

मुंबई में शुक्रवार के भईल दुर्घटना में 22 लोग के मौत के बाद महाराष्ट्र नवनिर्माण सेना (मनसे) प्रमुख राज ठाकरे शनिवार के प्रधानमंत्री नरेंद्र मोदी के "झूठा" करार देत चेतवले कि जब तक उपनगरीय रेलयात्री से जुडल मुद्दा के समाधान ना होई तब तक उ बुलेट ट्रेन परियोजना के काम ना शुरू होखे दिहे।
राज ठाकरे कहले, "हम तब तक बुलेट ट्रेन के एको इंटा ना धरे देब जब तक मुंबई के रेलयात्री के समस्या के समाधान ना होई। मोदी (प्रधानमंत्री नरेंद्र मोदी) चाहस त उ गुजरात में एकरा के बना सकेले। जदी उ ताकत के इस्तेमाल करीहे, त हमनी के मुंहतोड़ जवाब देवेके।"
भारतीय जनता पार्टी प तीखा हमला बोलत ठाकरे कहले कि 2014 के लोकसभा चुनाव से पहिले अवुरी बाद के नरेंद्र मोदी के बयान में बहुत फर्क आ गईल।
ठाकरे कहले, "हमनी के एतना बड़ झूठा प्रधानमंत्री नईखी देखले। उ बड़े-बड़े वादा कईले लेकिन 'चुनावी जुमला' कह के बाद में खारिज क देले। ए अंदाज़ में कवनो आदमी कतना झूठ बोल सकेला?"
मनसे प्रमुख दावा कईले कि बुलेट ट्रेन परियोजना में तेजी ले आवे खाती सुरेश प्रभु के बदला पीयूष गोयल के रेल मंत्री बनावल गईल। ठकारे कहले, "सुरेश प्रभु त ठीकठाक रहले, इ गोयल त एकदम बेकार बा।"
एकरा संगही राज ठाकरे घोषणा कईले कि बुलेट ट्रेन के विरोध में उ 5 अक्टूबर के चर्चगेट स्टेशन से मोर्चा निकलिहे। उ मुंबई के तमाम नागरिक से मोर्चा में बढ़चढ़ के हिस्सा लेवे के निहोरा कईले।
First Update: 30 September, 2017 07:17 PM