गर्भावस्था में होखेवाली उल्टी के रोके के घरेलू उपाय

गर्भावस्था में होखेवाली उल्टी के रोके के घरेलू उपाय

गर्भावस्था के शुरुआती तीन-चार महीना में अधिकांश महिला उल्टी के चाहे उबकाई आवे के शिकायत करेली। अयीसन काहें होखेला एकरा बारे में अभी तक कवनो एकराय नईखे। मानल जाला कि शरीर में आवत अलग-अलग भौतिक बदलाव के चलते अयीसन होखेला।

महिला जब गर्भवती होखेली त हॉरमोन में बहुत तेजी से उतार-चढ़ाव होखेला। केहु नईखे एकरा चलते उल्टी काहें होखेला, लेकिन हॉरमोन में आवत बदलाव के चलते शरीर के पाचन शक्ति प गंभीर असर परेला अवुरी एकरे चलते एकरा के उल्टी होखे के कारण में गिनल जाला।

कारण चाहे जवन होखे लेकिन बार-बार उल्टी होखे से बहुत कष्ट होखेला। अयीसना में कुछ घरेलू उपचार बा जवन कि ए हालत में फायदा पहुंचा सकता।

- गर्भवती महिला जदी सबेरे ब्रुश कईला के बाद हल्का गरम (सुमसुम) पानी में एगो नींबू के रस निचोड़ के खाली पेट पीये त उल्टी से छुटकारा मिल जाई।

- जदी उल्टी जादे होखत होखे त महिला के खाना में नींबू के रस, संतरा, मौसमी के जूस, पाकल आम के रस अवुरी नारियल पानी जईसन चीज़ के सेवन करे से फायदा हो सकता।

- नींबू के दु टुकड़ा क, दुनो टुकड़ा प कालीमिर्च के पाउडर अवुरी नमक लगाके आग के आंच प गरम क के चूसे से गर्भवती महिला के उल्टी से आराम मिल सकता।

- गर्भवती महिला जदी अनार के दु-चार दाना के चूसत रहे त उल्टी अवुरी उबकाई से राहत मिल सकेला।

- गर्मी के मौसम में ठंढा पानी भी फायदा पहुंचा सकता। लेकिन सर्दी के मौसम में ठंढा पानी से परहेज करे के चाही।

- जदी उल्टी लगातार होखत होखे त गर्भवती महिला के पेट प भींजल माटी के पट्टी अवुरी पानी के पट्टी रखे से भी राहत मिल सकेला। अयीसन हालत में महिला के जादे चले-फिरे के ना चाही अवुरी आराम करे के चाही।

- गुलकंद अवुरी मक्खन के बराबर मात्रा में मिलाके, दिन में तीन बेर 10-10 ग्राम के सेवन से गर्भवती महिला के उल्टी रुक सकता। एकरा से उल्टी रुके के संगे-संगे शरीर के ताकत भी मिलेला।

- धनिया के काढ़ा बनाके, ओकरा में मिश्री अवुरी माड़ (चावल के पानी) मिलाके पीये से गर्भवती महिला के उल्टी के रोके में मदद मिली।

धनिया के काढ़ा बनावे के तरीका: 10 ग्राम धनिया पाउडर के 2 कप पानी में उबाल लिही। जब पानी आधा हो जाए त ओकरा चूल्हा से उतार के ठंढा क लिही। ए काड़ा में एक चम्मच मिश्री अवुरी आधा कप माड़ मिलाके सेवन करे से उल्टी के रोके में मदद मिली।

  • Share on:
Loading...