आर्शी खान अवुरी बवाल के बीच पुरान नाता, एही चलते उ 'बवाल के रानी' कहाली

आर्शी खान अवुरी बवाल के बीच पुरान नाता, एही चलते उ 'बवाल के रानी' कहाली

टीवी प अपना बेबाक अंदाज़ के चलते चर्चा बटोरत आर्शी खान के 'बवाल के रानी' कहल जाला। कलर्स टीवी प आवत 'बिग बॉस' के 11 वां सीज़न में सबसे जादे विवादित अवुरी धमाल मचावत आर्शी खान के आज पहचान के जरूरत नईखे।

हालांकि 'बिग बॉस' में आर्शी के चर्चा अलग-अलग लोग संगे अभद्र अवुरी अमर्यादित भाषा के उपयोग करे खाती होखता।

उपलब्ध जानकारी के मुताबिक आर्शी खान पिता हिंदुस्तानी पिता त महतारी पाकिस्तानी रहली। आर्शी के जन्म 28 नवम्बर 1989 के अफगानिस्तान में भईल रहे, लेकिन जब उ चार साल के रहली त उनुकर परिवार भारत लवट आईल अवुरी मध्य प्रदेश के भोपाल में रहे लागल।

आर्शी के स्कूली अवुरी कॉलेज के शिक्षा भोपाल में पूरा कईला के बाद अभिनय के ओर रुख कईली अवुरी मुंबई पहुँच गईली। मुंबई में आर्शी के मुलाक़ात मशहूर निदेशक जनाब एहसान चिस्ती से भईल। चिस्ती से जान-पहचान होखला के बाद आर्शी के कैरियर के पंख मिल गईल अवुरी ए प्रकार से 2014 में उ पहिला बेर तमिल फिल्म 'मल्ली मिश्टु' देखाई दिहली।

अभी तक दक्षिण के फिल्म में देखाई देत आर्शी 2016 में मुंबई में सेट होखे के मन बनवली अवुरी बॉलीवुड में अपना के स्थापित करे के प्रयास करे लगली। इहाँ भी उनुकर जादू चलल अवुरी 'द लास्ट एम्परर' नाम से बनत बॉलीवुड के पहिला 4डी फिल्म में आर्शी के मुख्य भूमिका मिल गईल।

हालांकि आर्शी के सबसे जादे खर्चा उनुका अवुरी पाकिस्तानी क्रिकेटर शहीद अफरीदी के बीच कथित तौर प चलत प्रेम प्रसंग के चलते भईल।

कुछ समय पहिले आर्शी दावा कईली कि उनुका अवुरी शहीद अफरीदी के बीच प्रेम प्रसंग चलता। खबर त इहाँ तक आईल कि अफरीदी अवुरी आर्शी कुछ समय पहिले एक संगे दुबई में छुट्टी भी माना चुकल बाड़े।

हालांकि आर्शी छुट्टी मनावे वाली खबर के नकार चुकल बाड़ी। अब चर्चा बा कि अफरीदी अपना बियहुता जीवन के बचावे खाती आर्शी से दूरी बना लेले बाड़े।

  • Share on:
Loading...