राहुल गांधी जहां-जहां प्रचार करेले, उहाँ-उहाँ कांग्रेस हारेले: योगी

राहुल गांधी जहां-जहां प्रचार करेले, उहाँ-उहाँ कांग्रेस हारेले: योगी

उत्तर प्रदेश के मुख्यमंत्री योगी आदित्यनाथ शुक्रवार के गुजरात के वलसाड में एगो जनसभा के संबोधित करत कांग्रेस अवुरी राहुल गांधी प बरियार हमला बोलले। योगी आदित्यनाथ कहले कि राहुल गांधी आपन संसदीय क्षेत्र अमेठी में विकास खाती कुछूओ नईखन कईले। जब भाजपा उहां के लोग खाती आगे आईल त कांग्रेस बौखला गईल।

योगी चुटकी लेत कहले, "अमित भाई (भाजपा अध्यक्ष) इहां आवेले लेकिन राहुल गांधी इटली भाग जाले, तब उनुका गुजरात के याद ना आवेला। अयीसन बा कि राहुल गांधी जहां प्रचार करे चल जाले, उहां कांग्रेस के हार पक्का बा।"

योगी आदित्यनाथ आगे कहले कि कांग्रेस हमेशा देश के लूटे के काम कईले बिया। मोदी सरकार भ्रष्टाचार, कालाबाजारी अवुरी काला धन के खिलाफ बहुत कड़ा कदम उठवलस। जवन कि कांग्रेस के पचत नईखे। योगी पूछले कि आखिर बिना कवनों कारण के राहुल गांधी प्रधानमंत्री नरेंद्र मोदी प हमला काहें करतारे? बस ए चलते कि प्रधानमंत्री देश में भ्रष्टाचारी के खिलाफ कड़ा तेवर देखावे के काम कईले बाड़े।

योगी कहले कि राहुल गांधी बहुत साल से अमेठी से सांसद बाड़े। एकरा बावजूद अमेठी में विकास नईखे भईल। उ सवाल खड़ा करत कहले कि आखिरकार कांग्रेस के चुनाव के समय ही अमेठी काहे याद आवेले? जब अबकी बेर उत्तर प्रदेश में भाजपा के सरकार बनी त भाजपा अमेठी में जिला मुख्यालय खाती 21 करोड़ रुपया आवंटित कईले बिया। सरकार के इ कदम देखावता कि भाजपा विकास से जुड़ल कवनों भेदभाव नईखे करत।

मामूल रहे कि गुजरात में दिसंबर में विधानसभा चुनाव होखे के संभावना जतावल जाता। अयीसना में भाजपा एक बेर फिर से जीत हासिल करे खाती पूरा जोर लगावतीया। गुजरात प्रधनमंत्री नरेंद्र मोदी के गृह राज्य ह। अयीसना में इ विधानसभा चुनाव भाजपा खाती मान-प्रतिष्ठा के सवाल बन गईल बा। उहे कांग्रेस सत्ता में वापसी खाती पूरा जोर लगावे में जुटल बिया।

  • Share on:
Loading...