दबंग सलमान के संगे 'जय हो' कहेवाली डेज़ी शाह अब कहली 'मेरा दिल तुझपे आया'

दबंग सलमान के संगे 'जय हो' कहेवाली डेज़ी शाह अब कहली 'मेरा दिल तुझपे आया'

बॉलीवुड के 'दबंग बादशाह' सलमान खान के संगे "जय हो" कह चुकल बॉलीवुड के खूबसूरत अभिनेत्री डेजी शाह अब आर्यन के म्यूजजिक वीडियो 'आजा माही' में देखाई देतारी।

मुंबई में म्यूीजिक वीडियो के लांच के मौका प आर्यन संगे स्टेज ओ ठुमका लगावे वाली डेजी शाह कहली कि विडियो में एगो एक्शन सीन बा जवना में आर्यन के फाइट करत देख उ उनुका प मोहित हो जातारी अवुरी उनुका से प्रेम करे लागतारी।

विडियो में एगो फाइट क्लब के मालकिन के भूमिका निभावत डेजी कहली कि विडियो के हीरो एगो भारतीय युवक बा जवन कि अपना माटी अवुरी ओकरा संस्कृति के महत्व के समझत बाटे।

उ बतवली कि एल्बम में शामिल 'बोल मिट्टी दे बाविया, मेरा दिल तुझ पे आ गया' ओ भारत के संस्कृति के चर्चा बा जहां के मूल निवासी 'माटी के मूर्ति के भगवान मान के पूजा करेले'।

डेज़ी शाह अवुरी आर्यन के विडियो - 'आजा माही'

  • Share on:
Loading...