यात्री से भरल बस नदी में गिरल, 35 लोग के मौत के आशंका, 19 आदमी के लाश बरामद

प्रतिकात्मक तस्वीर

प्रतिकात्मक तस्वीर

बिहार-नेपाल के सीमा क्षेत्र में शनिवार के भईल एगो सड़क दुर्घटना में करीब 19 लोग के मौत हो गईल। जानकारी के मुताबिक राजविराज से काठमांडू जात सन्देश ट्रेवल्स नाम के एगो बस शनिवार के सबेरे पांच बजे धाडिंग के घाट बेस बांगे मोड़ प घुमत समय नदी में गिर गईल।

प्रशासन के ओर से दुर्घटना के पुष्टि करत बतावल जाता कि नदी में बस के गिरला के बाद ओकरा में सवार 19 लोग के मौत हो गईल। बस में सवार एगो घाही यात्री बतवले कि बस अचानक बेकाबू होके नदी में गिर गईल।

मरेवाला में 5 महिला, 7 पुरुष आ 2 बच्चा के लाश के नदी से बहरी निकालल जा चुकल बा। जबकि घाही भईल 15 लोग में से दु लोग के इलाज के खाती काठमांडू भेज दिहल बा।

राहत बचाव के काम में जुटल लोग के मुताबिक करीब 20 लोग अभियो बस में हो सकतारे। संगही, संदेह जतावल जाता कि बस में फंसल सभ लोग के अब तक पानी में डूबला के चलते मौत हो गईल होई। बतावल जाता कि बस में करीब 50 लोग सवार रहले।

फिलहाल नेपाल के कुरिनटार से गोताखोर बोला के बस के तलाशी अभियान चलावल जाता अवुरी क्रेन के मदद से बस के नदी से बहरी निकाले के प्रयास होखता।

  • Share on:
Loading...