हरेक क्षेत्र में नाकाम भाजपा सरकार खाती महारैली अंतिम कील साबित होई: जेवीएम
- टीबीएच न्यूज़ |

रांची के मोरहाबादी मैदान में आदिवासी सेना अवुरी बिरसा सेवा दल के ओर रघुबर दास सरकार के खिलाफ महारैली के आयोजन होखता।
भाजपा सरकार के नीति के खिलाफ होखेवाली महारैली से पहिले बाबूलाल मरांडी के झारखंड विकास मोर्चा के वरिष्ठ नेता अवुरी पूर्व मंत्री बंधु तिर्की जोरदार हमला बोलले। झारखंड के रघुबर दास सरकार के हरेक मामला में नाकाम बतावत तिर्की कहले कि सरकार अपना नाकामी के छिपावे खाती पहिले 'मोमेंटम झारखंड' के आयोजन कईलस अवुरी अब 'झारखंड माइनिंग शो' के आयोजन करतिया अवुरी जनता के हक के पईसा के अपना प्रचार प उड़ावतिया।
रांची के मोरहाबादी मैदान में होखेवाली रैली के तैयारी के जानकारी लेवे आइल तिर्की शनिवार के कहले कि राज्य के भाजपा सरकार भूमि अधिग्रहण कानून में बदलाव क के इहाँ के गरीब अवुरी किसान के जमीन छीने के तैयारी में बिया। सरकार के अयीसने नीति के खिलाफ 31 अक्टूबर के मोरहाबादी मैदान में 'भाजपा हटाअो, झारखंड बचाअो महारैली' होई अवुरी इ रैली भाजपा सरकार के ताबूत में अंतिम कील साबित होई।
एही कड़ी में रविवार के मोरहाबादी मौजा के पाहन (आदिवासी धर्मगुरु) पारंपरिक विधि से पूजा पाठ क रैली के सफलता खाती प्रार्थना कईले अवुरी मोरहाबादी मैदान में झंडागड़ी भईल।
बंधु तिर्की कहले कि भाजपा सरकार के बनावल 'धर्मांतरण निषेध कानून' के आड़ में एगो खास समुदाय के लोग के डेरवावल जाता अवुरी जेल भेजल जाता। उ कहले कि, जदी केहु कानून के उल्लंघन करता त ओकरा खिलाफ कार्रवाई होखे के चाही लेकिन बिना कारण केहु के डेरवावल अवुरी जेल भेजल बर्दाश्त ना कईल जाई।
उ कहले कि सरकार झारखंड के युवा के हक छीन के दोसरा दोसरा के मौका रोजगार देतीया। सरकार इहाँ होखेवाली कवनो नियुक्ति में स्थानीय छात्र के अनदेखी करतिया अवुरी जब छात्र ए कार्रवाई के विरोध करतारे त ओ लोग के गिरफ्तार क के जेल भेज दिहल जाता।
झारखंड में गौ रक्षा के नाम प भईल हिंसा के ओर इशारा करत तिर्की कहले कि सरकार अवुरी ओकर समर्थक गौ हत्या के आड़ में राज्य में जानवर के कारोबार पूरा तरीका से ठप्प क देले बाड़े। अब कतहू जानवर के बाज़ार नईखे लागत। लोग अपना जानवर के भी एक गांव से दोसरा गांवे ले जाए में डेराए लागल बाड़े। हालत अयीसन हो गइल बा कि गाय त गाय, लोग भइस अवुरी भईसा तक नईखे राखल चाहत।
महारैली के बारे में बतावत तिर्की कहले कि आदिवासी सेना अवुरी बिरसा सेवा दल के ओर से आयोजित होखेवाली ए महारैली में झारखंड मुक्ति मोर्चा के हेमंत सोरेन, कांग्रेस के सुखदेव भगत, सुबोधकांत सहाय, झारखंड विकास मोर्चा के बाबूलाल मरांडी, वाम दल के विनोद सिंह, राजद के अन्नपूर्णा देवी, गौतम सागर राणा, शिक्षाविद डॉ करमा उरांव, सामाजिक कार्यकर्ता दयामनी बरला समेत अलग-अलग संगठन अवुरी दल से जुडल दर्जनों नेता अवुरी प्रतिष्ठित लोग शामिल होईहे ।
First Update: 29 October, 2017 07:20 PM