कावासाकी निंजा के कीमत में 38,000 रुपया के छुट

कावासाकी निंजा के कीमत में 38,000 रुपया के छुट

तेज रफ्तार वाली बाइक के पसंद करेवाला लोग खाती खुशखबरी। इंडिया कावासाकी मोटर्स अपना कावासाकी निंजा 300 बाइक के कीमत में 38,000 रुपया के छुट देतीया।

त्योहार के मौसम में भईल ए छुट के घोषणा के बाद कावासाकी के निंजा बाइक के कीमत 4 लाख पांच हज़ार रुपया (मुंबई ऑन रोड) रह गईल बा। बिना छुट के एकर कीमत 4 लाख 43 हज़ार रुपया बाटे। ए छुट के बाद कीमत के मामला में कावासाकी निंजा 300 के सीधा मुक़ाबला 'केटीएम आरसी390' अवुरी यामाहा आर3 से होई।

मानल जाता कि इंडिया कावासाकी मोटर्स अगिला साल के शुरुआत में कावासाकी निंजा 400 के भारत में पेश करे के तैयारी में बिया अवुरी एकरे के देखत ए छुट के घोषणा भईल बा। कावासाकी निंजा 400 के कंपनी ए साल के टोक्यो मोटर शो में पेश कईले रहे।

जदी कावासाकी निंजा 300 के बारे में बात कईल जाए त ए बाइक में 296सीसी के फ्युल इंजेकटेड पैरलल ट्विन मोटर वाला इंजिन बा जवना से 38 बीएचपी के ताकत मिलेला।

बाइक के अधिकतम स्पीड 160 किलोमीटर प्रति घंटा बाटे अवुरी एकरा के इ स्पीड 6 स्पीड वाला गियर बॉक्स अवुरी 11000 आरपीएम वाली मोटर से मिलेला। बाइक के 100 किलोमीटर प्रति घंटा के स्पीड पकड़े में मात्र 7.2 सेकंड के समय लागेला।

जदी माइलेज के बात कईल जाए त इ बाइक एक लीटर पेट्रोल में 26 किलोमीटर तक के माइलेज दे सकेले। इहाँ याद राखे के बा कि इ सपोर्ट बाइक ह जवन कि अपना स्टाइल अवुरी ताकत खाती मशहूर बिया। माइलेज एकरा फीचर में खास महत्व ना राखेला।

फिलहाल 38,000 रुपया के भरी भरकम छुट के संगे उपलब्ध इ बाइक तेज रफ्तार बाइक के दीवाना लोग खाती बढ़िया सौदा हो सकेला। हालांकि इ छुट सिर्फ मुंबई अवुरी बंगलोर के डीलर के इहाँ मिली।

  • Share on:
Loading...