साढ़े तीन फीट के दूल्हा के तीन फीट के दुल्हिन मिलल अवुरी सपना पूरा हो गईल

साढ़े तीन फीट के दूल्हा के तीन फीट के दुल्हिन मिलल अवुरी सपना पूरा हो गईल

बिहार में भईल एगो अनोखा बियाह में दौरान दूल्हा-दुल्हिन के देखे खाती भारी भीड़ जुटल। 22 नवम्बर के हिन्दू रीति-रिवाज के संगे भईल ए बियाह के चर्चा दूर-दूर तक रहे। होखे काहें ना, दूल्हा-दुल्हिन एकदम गुड्डा-गुड़िया जईसन नु लागत रहले।

राज्य के बक्सर जिला के डुमरांव में बुधवार के भईल ए बियाह में दूल्हा के लंबाई जहां साढ़े तीन फीट रहे उहें दुल्हिन मात्र तीन फीट के रहली। बतावल जाता कि डुमरांव के गडेरी के निवासी 30 साल के वरुण कुमार उर्फ लटूस (दूल्हा) के परिवार के बहुत समय से उनुका खाती दुल्हिन के तलाश करत रहे।

दुल्हिन के तलाश करत-करत बहुत समय बीत गईल, लेकिन सफलता ना मिलल। कहल जाला कि जोड़ी त ऊपर से बन के आवेला, त दुल्हिन खोजला से कईसे मिल जाईत। जब समय आईल त वरुण के बनारस में एगो लईकी के बारे में पाता चलल।

पाता चलल कि बनारस में रहत आरती नाम के एगो 25 साल उमर वाली लईकी के लंबाई तीन फीट बा। साढ़े तीन फीट के वरुण के जब तीन फीट के आरती के बारे में पाता चलल त अपना परिवार के बतवले अवुरी दुनों परिवार आपसी सहमति से ए लोग के बियाह तय क देलस।

ऐने 22 नवम्बर के जब दुनों हिन्दू रीति-रिवाज से बियाह करे चलले आसपास के लोग भारी भीड़ लगा देले। लोग ए बियाह के फोटो अवुरी दूल्हा-दुल्हिन के संगे जल्दी से जल्दी अवुरी जादे-से-जादे सेल्फ़ी लेवे के फेरा में जुटले। सभ देखल चाहत रहे कि साढ़े तीन फीट के दूल्हा अवुरी तीन फीट के दुल्हिन के जोड़ी कईसन लागता।

वरुण के पिता जय प्रकाश के कहनाम बा कि उनुका बेटा के लंबाई कम होखला के चलते ओकरा जोग लईकी मिलल लगभग असंभव रहे। लेकिन भगवान के कृपा से आखिरकार पतोह मिल गईल।

बतावल जाता कि ओईसे त वरुण अपना पिता के संगे एगो साइकिल के दोकान चलावेले, लेकिन कद-काठी से छोट होखला के चलते उनुका 2 भोजपुरी फिल्म में छोट-मोट रोल भी मिल चुकल बा। उ 'चोर बनल नेता जी' अवुरी 'ललुआ चलल ससुराल' में उ आपन काला के देखा चुकल बड़े।

वरुण के बतवला मुताबिक, लंबाई कम होखला के चलते लोग उनुका के बचपन से "बौना" कह के चिढ़ावत रहले। बड़ भईले त बियाह एगो समस्या बन गईल। एतना कम लंबाई वाला आदमी के केहु आपन बेटी देवे प तैयार ना रहे। सभ कहत रहे कि उ कुंवार रह जईहे। लेकिन आज उहो सपना पूरा हो गईल अवुरी साढ़े तीन फीट के दूल्हा के आखिरकार दुल्हिन मिल गईल।

  • Share on:
Loading...