यामाहा एमटी 09 सुपरबाइक के संगे भारत के युवा लोग के दिल प दस्तक देलस

यामाहा एमटी 09 सुपरबाइक के संगे भारत के युवा लोग के दिल प दस्तक देलस

दुनिया के मशहूर दुपहिया निर्माता यामाहा के भारतीय इकाई यामाहा इंडिया मोटर के ओर से घरेलू बाज़ार में 'यामाहा एमटी 09' के नाया संस्करण उतारल गईल। देश के युवा लोगन में तेज रफ्तार अवुरी स्टाइल वाली बाइक से बढ़त लगाव के देखत खासतौर प यामाहा ए बाइक के तैयार कईले बिया।

यामाहा के खास डीलरन के इहाँ उपलब्ध ए बाइक में 847 सीसी के 3 सिलिन्डर लिक्विड कुल्ड इंजन बा जवना से 115 पीएस के ताकत अवुरी 87.5 एनएम के टार्क मिली। करीब 193 किलो वजन के ए बाइक में एबीएस माने एंटी ब्रेकिंग सिस्टम भी लागल बा।

पुरनकी बाइक के मुक़ाबले ए बाइक के शार्प डिजाइन वाली एलईडी लाइट, रैडिएटर अवुरी बड़े-बड़े एयर स्कूप दिहल बा जबकि पछिला हिस्सा के ठोस राखे के प्रयास भईल बा। ए बाइक के शार्प टेल लैम्प के पछिला काउल से जोड़ल बा जबकि पछिला फेंडर (मडगार्ड) के सिंगल साइड वाला स्विंगआर्म प लगावल बा।

यामाहा के 2018 एमटी 09 बाइक में अपना इच्छा के मुताबिक सेट करे लाटक एडजस्टेबल सस्पेंशन बाटे जबकि अगिला पहिया में डबल डिस्क ब्रेक आ पछिला पहिया में सिंगल डिस्क ब्रेक लागल बा। बाइक के दुनों पहिया में एबीएस - ऐंटी लॉकिंग ब्रेकिंग सिस्टम दिहल बा।

ए सभके अलावे नाया ग्राफिक्स के संगे कुछ नया फीचर से लैस कम वजन वाली इ बाइक के पूरा तरीका से बनल-बनावल आयात होई। मतलब कि पूरा के पूरा बाइक विदेश से बनल आई अवुरी यामाहा इंडिया सिर्फ एकर बिक्री अवुरी सर्विस करी।

जदी कीमत के बात कईल जाए नई दिल्ली में ए बाइक के कीमत 10.88 लाख रुपया (एक्स शोरूम) बाटे।

बाइक के लॉन्‍चिंग के मौका प यामाहा इंडिया के सीनि‍यर वाइस प्रेसि‍डेंट (सेल्‍स एंड मार्केटिंग) रॉय कुरि‍यन कहले कि‍ नयकी MT-09 के लॉन्‍चिंग बतावता कि यामाहा भारत में अपना बेहतरीन उत्पाद के पेश करे खाती तत्पर बिया। उ कहले कि नयकी बाइक के बहुत संतुलित तरीका से पेश कईल बा।

उ कहले कि नयकी बाइक के खास तौर प युवक वर्ग के ध्यान में राखत डिज़ाइन कईल बा। कुरियन कहले कि कंपनी अयीसन युवा के ध्यान में रखले बिया जवन कि 600 सीसी से ऊपर के बाइक के बारे में सोचतारे।

  • Share on:
Loading...