अदिति राव 'स्वैच' घड़ी के नया कलेक्शन, 'स्वैच एक्स यू' के जारी कईली

अदिति राव 'स्वैच' घड़ी के नया कलेक्शन, 'स्वैच एक्स यू' के जारी कईली

दुनिया के मशहूर घड़ी ब्रांड 'स्वैच' पहिला बेर अपना ग्राहक के अपना पसंद के घड़ी डिज़ाइन करे के मौता देता। कंपनी के 'स्वैच एक्स यू' सिरीज़ के तहत ग्राहक घड़ी के डिज़ाइन में अपना पसंद के शामिल क सकेले।

करीब 34 साल से दुनिया में अपना क्वालिटी अवुरी खूबसूरती खाती मशहूर 'स्वैच' ब्रांड के ओर से मुंबई में मंगलवार के आयोजित एगो कार्यक्रम में बॉलीवुड अभिनेत्री अदिति राव हैदरी 'स्वैच एक्स यू' कलेक्शन के जारी कईली।

कंपनी के दावा बा कि ग्राहक मात्र पांच आसान स्टेप के पूरा क के अपना पसंद के घड़ी तैयार क सकेले, जवना में उनुकर निजी तक शामिल रही।

ए मौका प अदिति कहली कि "हमरा खुशी बा कि हम स्वैच ब्रांड के संगे जुडल बानी अवुरी 'स्वैच एक्स यू' सिरीज़ के जारी करे के मौका मिलल।" घड़ी इंडस्ट्री के वजूद के कायम राखे में स्वैच ब्रांड के भूमिका के बतावत अदिति कहली कि "घड़ी प्रेमी होखला के नाता से हम 'स्वैच एक्स यू' सिरीज़ से बहुत खुश बानी अवुरी स्वैच के ए सिरीज़ के संगे घड़ी के दुनिया में नया मानक बनावे खाती बधाई देतानी।"

ग्राहक के सोच, सपना के आकार देवे खाती तैयार ए सिरीज़ में लोग मात्र पांच आसान तरीका से घड़ी के डायल, पट्टी (स्ट्रैप), पिन समेत घड़ी के लगभग सभ प्रमुख पुर्जा के चुनाव अपना पसंद से क सकतारे। मालूम रहे कि इ सुविधा सिर्फ कंपनी के ऑनलाइन स्टोर में उपलब्ध बाटे।

  • Share on:
Loading...