झारखंड में सत्ताधारी आजसू के केंद्रीय महासचिव महिला से रंगदारी मांगे के आरोप में गिरफ्तार

झारखंड में सत्ताधारी आजसू के केंद्रीय महासचिव महिला से रंगदारी मांगे के आरोप में गिरफ्तार

झारखंड में सत्ताधारी ऑल झारखण्ड स्टूडेंट्स यूनियन (आजसू) के केंद्रीय महासचिव अवुरी मेलर आदिम जनजाति संघर्ष मोर्चा के केंद्रीय अध्यक्ष दामोदर सिंह मेलर के रंगदारी मांगे के आरोप में दुमका पुलिस गिरफ्तार क जेल भेज देलस।

दुमका के मुफ्फसिल थाना के प्रभारी कामेश्वर कुमार सिंह के अगुवाई में पुलिस के एगो टीम दामोदर के गुरुवार के गिरफ्तार कईलस। उनुका प रंगदारी मांगे अवुरी रंगदारी ना मिलला प बनत मकान के ढाहे अवुरी लूटपाट करे के आरोप बा।

थाना प्रभारी कामेश्वर कुमार सिंह बतवले कि 10 जुलाई के मीली देवी के नाम के एगो महिला दामोदर सिंह समेत 8 लोग के खिलाफ रंगदारी मांगे के आरोप लगावत लिखित आवेदन देके प्राथमिकी दर्ज करवले रहली। पुलिस प्राथमिकी में नामजद 8 में से दामोदर समेत चार आरोपी के गिरफ्तार क चुकल बिया, जबकि चार आरोपी अभी फरार बाड़े।

ए मामला में दामोदर सिंह के अलावे अनिल सिंह, प्रीतम सिंह, मनोज सिंह, विजय सिंह, हसबुल मिस्त्री, मनोज मिस्त्री, रामेश्वर सिंह समेत 8 लोग के खिलाफ भारतीय दंड संहिता के धारा 232, 341, 337, 452, 427, 379, 384, 386, 504 अवुरी 506 के आरोपी बनावल बा। पुलिस दामोदर सिंह के अलावे प्रीतम सिंह अवुरी कामेश्वर सिंह समेत चार आरोपी के गिरफ्तार क चुकल बिया।

मिलल जानकारी के मुताबिक दामोदर सिंह जब अपना दु साथी के संगे दुमका के एसपी कालेज के नजदीक एगो दोकान प चाय पीअत रहले त अचानक पुलिस उहाँ पहुंचल अवुरी उनुका से थाना चले के कहलस। थाना पहुंचला के बाद पुलिस उनुका गिरफ्तार करत मेडिकल करवलस अवुरी कोर्ट में पेश क के जेल भेज देलस।

पुलिस के मुताबिक मुफ्फसिल थाना क्षेत्र के नेतुर पहाड़ी मौजा में मीली देवी नाम के एगो महिला के मकान बनावे के काम प रोक लागल रहे। बाद में अदालत मीली देवी के पक्ष में फैसला सुनवलस अवुरी अब ओ मकान के बनावे के काम पुलिस के देखरेख में होखत रहे।

आरोपी दामोदर सिंह अवुरी इनिकर साथी एही मकान के बने देवे के बदला में महिला से रंगदारी के मांग करत रहले अवुरी जब महिला रंगदारी ना दिहली त इ लोग रात में आधा-अधूरा बनल मकान के ढाह देले।

थाना प्रभारी के मुताबिक गिरफ्तार दामोदर सिंह एकरा अलावे सड़क यातायात रोके समेत आधा दर्जन से अधिका मामला में वांटेड बाड़े। उ कहले कि रंगदारी वाला मामला में प्राथमिकी दर्ज होखला के बाद से दामोदर फरार रहले अवुरी अदालत से अग्रिम जमानत के प्रयास करत रहले।

  • Share on:
Loading...