बिहार के 'मोस्ट वांटेड' अपराधी के प्रेम में पागल महिला पुलिसकर्मी के हैरान करेवाला कारनामा

प्रतिकात्मक फ़ाइल फोटो

प्रतिकात्मक फ़ाइल फोटो

बिहार पुलिस में सिपाही के पद प तैनात एगो महिला के प्रेम कहानी कवनो फिल्म से कम नईखे। बिहार पुलिस के ए महिला पुलिसकर्मी के प्रेमी ओकरे थाना के एगो 'मोस्ट वांटेड' अपराधी बाटे।

एगो रिपोर्ट के मुताबिक प्रीति कुमारी नाम के इ महिला कांस्टेबल पछिला साल जब सीतामढ़ी में तैनात रहली तब सीतामढ़ी के कुख्यात, 'मोस्ट वांटेड' अपराधी मिठू साह के जादू उनुका दिल प अयीसन चलल कि उ पुलिसकर्मी के रूप में कर्तव्य तक से कोताही करे लगली।

हालांकि फिलहाल प्रीति कुमारी के सेवा से बर्खास्त क दिहल बा। बतावल जाता कि प्रीति जब सीतामढ़ी में तैनात रहली त पुलिस लाइन के बहरी मिठू से मिलत रहली। मानल जाला कि प्रीति, मिठू के हाव-भाव अवुरी रहन-सहन से बहुत जबरदस्त प्रभावीत रहली।

पुलिस विभाग में चर्चा इहाँ तक बा कि प्रीति अवुरी मिठू लुका के एक दूसरा से एगो मंदिर में बियाह क लेले बाड़े। लेकिन फिल्मी कहानी निहन ए कहानी में भी मोड़ आइल।

सीतामढ़ी के तत्कालीन एसपी हरी प्रसाद के प्रीति अवुरी मिठू के प्रेम कहानी के जानकारी मिल गइल अवुरी उ एकर जांच के आदेश दे देले अवुरी प्रीति के तुरंत से सीतामढ़ी के भागलपुर बदली क दिहल गईल।

जांच के दौरान पाता चलल कि कांस्टेबल प्रीति कुमारी अपना विभाग से जुडल कुछ गुप्त सूचना के अपना प्रेमी अवुरी कुख्यात अपराधी मिठू साह तक पहुंचवली। संगही, जांच रिपोर्ट में प्रीति कुमार प पुलिस विभाग के छवि खराब करे के आरोप भी लगावल गईल।

ए साल के जून महीना में आइल जांच रिपोर्ट के बारे में सीतामढ़ी के एसपी कहले, “एगो अपराधी से बियाह क के प्रीति पुलिस विभाग के नाम खराब कईले बाड़ी।” ए रिपोर्ट के अईला के बाद प्रीति से ए मामला में सफाई मांगल रहे।

बार-बार समय दिहला के बावजूद जब प्रीति जवाब ना देवे पवली त पुलिस के वरिष्ठ अधिकारी उनुका के बर्खास्त करे के फैसला कईले अवुरी आखिरकार कांस्टेबल प्रीति कुमारी के सेवा से बर्खास्त क दिहल गईल।

  • Share on:
Loading...