सड़क पार करत मुर्गी के पुलिस हिरासत में लेलस
- एजेंसियां |

एगो हैरान करेवाली घटना में पुलिस एगो मुर्गी के हिरासत में ले लेलस। मुर्गी के गलती रहे कि उ भीड़भाड़ के समय सड़क पार करत रहे। ए मामला में पुलिस के कहनाम बा कि मुर्गी भीड़भाड़ वाला समय में बीच सड़क प ऐने-ओने कुदत रहे।
हंसी मत, इ मज़ाक ना ह। हालांकि यूनाइटेड किंगडम (यूके) में डंडी के ईस्ट मार्केटगेट इलाका में भईल इ घटना सभके हैरान जरूर कईले बिया। पुलिस के कहनाम रहे कि सड़क से आवत-जात वाहन चालक ओकरा के ए मुर्गी के बारे में सूचना देले रहले।
तेसाइड पुलिस डिवीजन के एगो पुलिस अधिकारी के हवाला से ब्रिटिश अखबार मिरर कहलस कि "मुर्गी आवत-जात ड्राईवर के चिंता के विषय बन गईल रहे।" सूचना मिलला के बाद अधिकारी उहाँ पहुंचले अवुरी मुर्गी के पकड़ के थाना में ले अईले।
फ़ेसबूक प पुलिस के ओर से जारी एगो बयान के मुताबिक "जानवर के खिलाफ हिंसा के रोकथाम खाती बनल 'द स्कॉटिश सोसायटी फॉर द प्रीवेन्शन ऑफ क्रूरिटी टू एनिमल' से पुलिस संपर्क सधले बिया अवुरी मुर्गी के देखभाल कईला के संगे-संगे ओकरा मालिक के तलाश कईल जाता।"
पुलिस अधिकारी आम जनता से ए मुर्गी के मालिक के तलाश में सहयोग के मांग करत पुछले कि "पुलिस जानल चाहतिया कि मुर्गी सड़क के काहें पार करत रहे।"
तेसाइड पुलिस के ए फ़ेसबूक पोस्ट प हजारों लोग के कमेंट आईल लेकिन केहु इ ना बतावे पावल कि ए मुर्गी के मालिक के ह अवुरी इ मुर्गी सड़क काहें पार करत रहे। कुल मिलाके पुलिस के तमाम कोशिश ए मामला में नाकाम होखत देखाई देता।
First Update: 15 December, 2017 08:11 PM