कॉलेज के लईकन संगे सुष्मिता सेन के डांस इंटरनेट प गरदा उड़ा देलस

कॉलेज के लईकन संगे सुष्मिता सेन के डांस इंटरनेट प गरदा उड़ा देलस

अयीसन बहुत कम होखेला, शायद एकदम ना के बरोबरी जब बॉलीवुड अभिनेत्री अवुरी पूर्व ब्रह्मांड सुंदरी सुष्मिता सेन के डांस करत केहु देखले होखे।

आम जनता के भीड़ में डांस करत त सुष्मिता के देखल अपने आप में संयोग कहाई। लेकिन किस्मत से अयीसन मौका आईल बा, जब एगो उ आम जनता के संगे डांस कईली। उनुका संगे डांस करेवाला लोग एकरा के किस्मत के लेख से कम नईखन मानत।

खुद सुष्मिता ए घटना के विडियो ट्वीट कईली अवुरी 'संयम' अवुरी बढ़िया व्यवहार' खाती मुंबई के सेंट एंड्रूस कॉलेज के छात्रन के धन्यवाद दिहली। कॉलेज के छात्र उनुका संगे उनुका एगो फिल्म के गीत प जमके ठुमका लगवले।

करीब आधा मिनट के ए विडियो में सुष्मिता सेन अपना फिल्म 'मैं हूँ ना' के 'तुमसे मिलके दिल का हाल...’ गाना में कॉलेज के छात्र लोग संगे डांस करत देखाई देतारी। याद रहे कि 'मैं हूँ ना' में सुष्मिता सेन एगो कॉलेज प्रोफेसर के भूमिका निभवले रहली। ए फिल्म में उनुका संगे शाहरुख खान रहले।

  • Share on:
Loading...