आचार्य पांडेय कपिल के याद में संस्कार भारती के ओर से गोष्ठी के आयोजन

 कार्यक्रम में जयशंकर प्रसाद द्विवेदी जहां आचार्य पाण्डेय कपिल के व्यक्तित्व आ लेखनी प  आपन बात रखले उहें भोजपुरी गीत

कार्यक्रम में जयशंकर प्रसाद द्विवेदी जहां आचार्य पाण्डेय कपिल के व्यक्तित्व आ लेखनी प आपन बात रखले उहें भोजपुरी गीत "अन्हरिया मे हलचल भइल" से अटल जी आ महामना मालवीय जी के काव्यांजलि दीहने।

आचार्य पांडेय कपिल के याद में संस्कार भारती के ओर से गाजियाबाद में एगो मासिक गोष्ठी के आयोजन भईल। ए मौका प कार्यक्रम के मुख्य अतिथि पूर्वाञ्चल भोजपुरी महासभा के अध्यक्ष अशोक श्रीवास्तव आ कवि मनोज भावुक आचार्य पांडेय कपिल के फोटो प माला चढ़ा के श्रद्धांजलि देले।

भोजपुरी कवि आ संस्कार भारती, शास्त्री नगर इकाई के अध्यक्ष जेपी द्विवेदी के संयोजन मे आयोजित ए कार्यक्रम में शामिल भईल कवि अवुरी रचनाकार आचार्य पाण्डेय के पुष्पांजलि अर्पित कइने।

एकरा अलावे पूर्व प्रधानमंत्री आ भारत रत्न अटल बिहारी वाजपेयी अवुरी भारत रत्न महामना मदन मोहन मालवीय के भी याद कईल गइल। ए दुनो महानुभाव के जन्मदिन एही महीना के 25 तारीख के बाटे।

दिल्ली से सटल गाजियाबाद में आयोजित ए कार्यक्रम में जयशंकर प्रसाद द्विवेदी जहां आचार्य पाण्डेय कपिल के व्यक्तित्व आ लेखनी प आपन बात रखले उहें भोजपुरी गीत "अन्हरिया मे हलचल भइल" से अटल जी आ महामना मालवीय जी के काव्यांजलि दीहने।

करीब दुई दर्जन कवि अवुरी साहित्यकारन के रचना से सराबोर ए गोष्ठी में आचार्य पाण्डेय कपिल से जुडल कुछ यादगार के सुनावत कवि मनोज भावुक जी "जीभ बेचारी का करी" जइसन दोहा , गीत आ गजल से साहित्य रस के वर्षा कईले।

आचार्य पाण्डेय कपिल के बारे मे बोलत मनोज भावुक उनुका के भोजपुरी के आचार्य महावीर प्रसाद द्विवेदी के बरोबरी खड़ा कइले अवुरी अपना गजल "तनि तनि" से सभे के मोहे मे सफल रहले।

कार्यक्रम के मुख्य अतिथि अशोक श्रीवास्तव जी अपना भोजपुरी गीत से सभे के गुदगुदवने जबकि कार्यक्रम के अंत मे गोष्ठी के अध्यक्ष हिन्दी के वरिष्ठ कवि महेश सक्सेना जी आपन गीत आ गजल से गोष्ठी के चरम प पहुंचा दीहले।

  • Share on:
Loading...