बियाह के बाद वजन बढ़े के कारण सिर्फ शारीरिक संबंध नईखे, कारण दोसरो हो सकता

बियाह के बाद वजन बढ़े के कारण सिर्फ शारीरिक संबंध नईखे, कारण दोसरो हो सकता

बियाह के बाद वजन बढ़ल बहुत आम बात बा अवुरी अधिकांश लोग बियाह के बाद वजन बढ़ला के निमन संकेत मानेले। अधिकांश लोग के लागेला कि शारीरिक संबंध के चलते वजन बढ़ेला। लेकिन सच्चाई एकरा से अलग बा।

मानल जाला कि बियाह के बाद महिला के शरीर में होखेवाला हार्मोनल बदलाव के चलते ओकरा शरीर के वजन बढ़ जाला, लेकिन अभी तक अयीसन कवनो प्रमाण नईखे, जवना से ए बात के पुष्टि भईल होखत होखे।

आम तौर प देखे के मिलेला कि बहुत लईकी बियाह तय होखला के बाद दूबरा जाली, अपना के सुंदर बनावे के चाहत, बियाह के खुशी अवुरी बियाह के तैयारी के चलते खान-पान के रूटीन बिगड़ जाला। कुछ लईकी त सुविधा के मुताबिक जिम तक जाए लागेली।

लेकिन बियाह होखला के बाद महिला जब एगो नया जीवन में डेग बढ़ावेली त उ अपना के एतना जादे व्यस्त पावेली कि अपना खाती समय ना रह जाला। जीवन में अचानक आईल ए बदलाव के चलते भी ओ लोग के वजन बढ़े लागेला।

बियाह के बाद वजन बढ़े के कारण में पति-पत्नी के बीच एक-दोसरा के प्रति प्यार अवुरी लगाव भी शामिल बा। साल 2013 में प्रकाशित 'हेल्थ साइकोलॉजी आर्टिकल' में बतावल रहे कि जवन पति-पत्नी में एक-दोसरा के प्रति जादे प्यार के भावना, सुरक्षा अवुरी खुशी के एहसास राखेले, ओ लोग के वजन तेजी से बढ़ेला।

इहाँ इहो जानल जरूरी बा कि बियाह के बाद सिर्फ महिला के वजन ना बढ़ेला। बियाह के बाद जतना तेजी से महिला के वजन बढ़ेला, ओकरो से जादे तेज पुरुष के वजन बढ़ेला।एगो अध्ययन के मुताबिक, बियाह के पहिला 5 साल में जहां महिला के वजन करीब 11 किलो बढ़ेला, उहे एही समय में पुरुष के वजन करीब 13 किलो तक बढ़ जाला।

  • Share on:
Loading...