महिंद्रा एगो एकदम नया एसयूवी के भारत में उतारे के तैयारी कईलस

 हालांकि कंपनी साफ क चुकल बिया उ महिंद्रा सैंगयंग टिवोली  के भारतीय बाज़ार में ना पेश करी।

हालांकि कंपनी साफ क चुकल बिया उ महिंद्रा सैंगयंग टिवोली के भारतीय बाज़ार में ना पेश करी।

देश के प्रमुख वाहन निर्माता महिंद्रा सैंगयंग टिवोली प आधारित एकदम नाया एसयूवी बाज़ार में उतारे वाली बिया। कंपनी के ए गाड़ी के नाम का होई इ त अभी साफ नईखे, लेकिन फिलहाल एकरा के एस201 के कोड़नेम से जानल जाता। हालांकि कंपनी साफ क चुकल बिया उ महिंद्रा सैंगयंग टिवोली के भारतीय बाज़ार में ना पेश करी।

Mahindra S201 महिंद्रा के S201 कोडनेम से जानल जाए वाली SUV चेन्नई के सड़क प लउकल।

रोड टेस्ट के दौरान भारत में लउकल ए गाड़ी के चेन्नई के नजदीक देखल गइल। मानल जाता की बाज़ार में उतारे से पहिले कंपनी एकर एक-एक चीज़ के ठीक से जांच क लिहल चाहतिया।

Mahindra S201

चेन्नई में लउकल मझिला कद के ए एसयूवी के पीछा के शीशा (विंडशील्ड) प वाइपर अवुरी पछिला हिस्सा में एलईडी वाला टेललैम्प लागल बा। महिंद्रा के ए एसयूवी के बारे में पहिले से उपलब्ध जानकारी के मुताबिक ए गाड़ी के लंबाई 4 मीटर से कम होई। संगही, स्टार शेप के डुअल-5 स्पोक अलॉय व्हील्स भी स्टैंडर्ड हो सकता।

Mahindra S201

गाड़ी के अगिला हिस्सा के बारे में अभी कुछ कहल मुश्किल बा लेकिन महिंद्रा के बाकी गाड़ी के देखत मानल जाता कि गाड़ी के अगिला हिस्सा में क्रोम ग्रिल, दमदार बंपर होई। गाड़ी में प्रोजैक्टर हेडलैम्प के संगे एलईडी डे-टाइम रनिंग लाइट, इलैक्ट्रिक ओवीआरएम के संगे इंडिकेटर हो सकता।

Mahindra S201

भारतीय बाज़ार में ए गाड़ी 1.6 लीटर डीजल इंजन के संगे 1.5 लीटर पेट्रोल इंजन के विकल्प मिल सकता। मालूम रहे कि कंपनी ए गाड़ी में लागे वाला 1.5 लीटर पेट्रोल इंजन प अभी काम करतिया।

Mahindra Tivoli महिंद्रा के S201 कोडनेम से जानल जाए वाली SUV असल में महिंद्रा टिवोली प आधारित होई, हालांकि टिवोली के कंपनी भारतीय बाज़ार में ना उतारी।

जहां तक ट्रांसमिशन (गियर) के बात बा त महिंद्रा अपना ए गाड़ी के 5 स्पीड मैन्युअल गियरबॉक्स अवुरी ऑटोमैटिक ट्रांसमिशन के विकल्प के संगे बाज़ार में उतारी। हालांकि इ गाड़ी भारतीय बाज़ार में कब पेश होई एकरा बारे में अभी कवनो साफ जानकारी उपलब्ध नईखे। संगही एकरा कीमत के बारे में भी अभी कंपनी के ओर से कवनो खुलासा नईखे भईल।

Mahindra Tivoli
  • Share on:
Loading...