फोटो : 350वां प्रकाश पर्व के शुकराना समारोह के एक झलक
- मनोरंजन ब्यूरो |

सिख धर्म के दसवां गुरू श्री गुरुगोविंद सिंह जी महाराज के 350वां प्रकाश पर्व के शुकराना समारोह के दौरान शुक्रवार के बिहार सरकार के कला, संस्कृति एवं युवा विभाग पटना के श्रीकृष्ण मेमोरियल हॉल में भव्य सांस्कृतिक कार्यक्रम के आयोजन कईलस।

ए कार्यक्रम के उद्घाटन मुख्यमंत्री नीतीश कुमार कईले जबकि ए मौका प उपमुख्यमंत्री सुशील कुमार मोदी, पथ निर्माण मंत्री नंदकिशोर यादव, परिवहन मंत्री संतोष कुमार निराला, विधायक संजीव चौरसिया, पूनम देवी, बीमा भारती मौजूद रहली। ए समारोह के अध्यक्षता कला, संस्कृति एवं युवा विभाग के मंत्री कृष्ण कुमार ऋषि कईले।

कार्यक्रम के शुरूआत पद्मश्री शाहिद परवेज के सितार वादन से भईल। ए दौरान मिथिलेश कुमार मिश्रा उनुकर तबला प संगत कईले।

दूसरा कार्यक्रम एगो मणिपुरी नाटक रहे। ए कार्यक्रम के संगीत नाटक अकादमी से सम्मानित श्रीमती प्रीति पटेल प्रस्तुत कईली। ए प्रस्तुति में कलाकार मणिपुर के मशहूर मार्शल आर्ट थांगटा के मंच प प्रदर्शन कईले।

मुंबई से आई संजना राज भोजपुरी लोकगीत "कवना बने बोले ले कोयलिया...”, "पटना से अईले सजनवां हो...”, "धान कटनी के बहार अगहनवा में...”, "टिका गिरे झुनक के बालम....”, "कबले अइले न सखिया, कब ले अइले ना …" प्रस्तुत कईली।

कार्यक्रम के अंत में बिहार के बेतिया घराना के पंडित इंदू किशोर मिश्र ध्रुपद में 'चंद्रकोशी’, 'शंकर शिव...’ राग पेश कईले। ए प्रस्तुति में पखावज प मुरली मनोहर मिश्रा, हारमोनियम प मदन प्रसाद, तानपुरा पर नेहा मिश्रा अवुरी सहयोगी गायक के रूप में दिपेंदू कुमार मिश्रा उनुकर साथ देले।

First Update: 23 December, 2017 03:29 PM