दर्जनों महिला संगे शारीरिक संबंध बनावे वाला युवक के 24 साल के सजा

दर्जनों महिला संगे शारीरिक संबंध बनावे वाला युवक के 24 साल के सजा

पुलिस एगो अयीसन अकाउंटेंट के गिरफ्तार कईलस जवना प सोश्ल मीडिया के माध्यम से दर्जनो महिला के रिझावे अवुरी शारीरिक संबंध बनावे के आरोप बा। आरोपी दुनिया के सबसे खतरनाक बेमारी में से एक, एचआईवी से संक्रमित बा।

पेशा से अकाउंटेंट 33 साल के ए आदमी प पुलिस करीब 53 महिला संगे शारीरिक संबंध बनावे अवुरी 32 महिला के एचआईवी से पीड़ित करे के आरोप लगवले बिया। एकरा अलावे आरोपी के चलते चार पुरुष अवुरी एगो आठ महीना के बच्चा भी एचआईवी वाइरस से संक्रमित हो गईल बा।

पुलिस के मुताबिक आरोपी संगे शारीरिक संबंध बनावे वाली महिला से संबंध बनावे वाला चार पुरुष अवुरी एक महिला के कोख से पैदा भईल एगो बालक भी आरोपी के चलते एचआईवी संक्रमित बाटे।

वैलेंटीनो टाल्टो (33 साल) नाम वाला इटली के ए नागरिक के इटली के एगो अदालत कुछ समय पहिले 32 महिला, चार पुरुष अवुरी एक बच्चा के जानबूझ के एचआईवी संक्रमित करे के आरोप में 24 साल के सजा सुनवलस।

हालांकि अदालत में सुनवाई के दौरान आरोपी के वकील दलील देले कि आरोपी के मालूम ना रहे कि उ एचआईवी से संक्रमित बाटे, लेकिन अदालत में गवाही देवे पहुंचल कुछ महिला बतवली कि आरोपी से जब उ लोग कंडोम के इस्तेमाल करे के कहली त आरोपी अयीसन करे से माना क देले रहे।

कंडोम के इस्तेमाल ना करे खाती आरोपी अलग-अलग महिला से अलग-अलग प्रकार के बहाना बनावत रहे। केहु से उ क़हत रहे कि ओकरा कंडोम से एलर्जी बा, त केहु से क़हत रहे कि उ कुछे दिन पहिले आपन एचआईवी टेस्ट करवले अवुरी रिपोर्ट में सब ठीक बतावल बाटे।

अदालत में जिरह के दौरान जब कुछ महिला आरोपी प जानबूझ के एचआईवी वाइरस से संक्रमित करे के आरोप लगवली त आरोपी कहलस कि ओकरा ना मालूम रहे कि उ एचआईवी से संक्रमित बाटे।

मीडिया रिपोर्ट के मुताबिक आरोपी के महतारी ड्रग्स के आदि अवुरी एचआईवी पॉज़िटिव महिला रहली अवुरी आरोपी तक एचआईवी वाइरस ओकरा महतारी से पहुंचल रहे।

रिपोर्ट के मुताबिक आरोपी जब चार साल के रहे त ओकरा महतारी के मौत हो गईल रहे अवुरी उ खूब बढ़िया से जानत रहे कि उ एचआईवी पॉज़िटिव बाटे।

  • Share on:
Loading...