भोजपुरी दिल प राज अवुरी लगातार विकास करे वाली भाषा ह: कपिलदेव मिश्र

कार्यक्रम के संयोजक स्मृति तिवारी के संचालन बहुत संतुलित अवुरी सभके खुश राखे वला रहे।

कार्यक्रम के संयोजक स्मृति तिवारी के संचालन बहुत संतुलित अवुरी सभके खुश राखे वला रहे।

भोजपुरी आज दुनिया के बहुत बड़ हिस्सा में आपन जगह बना चुकल बिया आ लगातार एकर बिकास आ प्रसार होत जा रहल बा। इ बात कुछ दिन पहिले मध्य प्रदेश के सतना में भोजपुरी समाज के ओर से आयोजित एगो समारोह में मुख्य अतिथि के रूप में पहुंचल रानी दुर्गावती विश्वविद्यालय के कुलपति प्रोफेसर कपिलदेव मिश्र जी कहनी।

सतना माइन्स के वाइस प्रेसिडेंट श्री अशोक सिंह जी के अध्यक्षता में संपन्न एह कार्यक्रम में भोजपुरी कपिलदेव मिश्र कहनी कि 'भोजपुरी दिल प राज करेवाली भाषा ह अवुरी एकर लगातार विकास अवुरी प्रसार होखता।'

kapildeo mishra

कार्यक्रम के संबोधित करत कपिल देव मिश्रा

ए कार्यक्रम के शुरुआत में सतना भोजपुरी समाज के अध्यक्ष शैलेन्द्र उपाध्याय जी अतिथि लोगन के स्वागत कइनी आ भोजपुरी समाज के कामकाज के बारे में जानकारी दिहनी।

एह मौका प भोजपुरी समाज के बुजुर्ग, एनके पाण्डेय, शिवजी सिंह, महंथ सिंह आ केएल यादव आदि के शाल-श्रीफल से सम्मानित कइल गइल। एकरा संगे-संगे प्रतिभाशाली विद्यार्थी में से आदर्श त्रिपाठी, पूजा यादव, सृष्ठि उपाध्याय, अजय सिंह, आकृति सिंह, प्रतिक सिंह, पलक उपाध्याय, आदेश मिश्र, अंजलि राय आशुतोष तिवारी आ अंकिता तिवारी के भी सम्मानित कईल गइल।

kapildeo mishra

प्रतिभाशाली विद्यार्थी के सम्मान सम्मारोह

मेलोडी आस्था ग्रुप के प्रमोद शर्मा जी के ओर से ए मौका प भोजपुरी गीतन के मनमोहक प्रस्तुति भइल जबकि कार्यक्रम के आयोजन में विकास पाण्डेय, वीरेन्द्र तिवारी, शैलेन्द्र उपाध्याय, ओपी अस्थाना, संजय सिंह, संजय यादव जी के प्रमुख भूमिका देखाई देलस।

kapildeo mishra

डॉक्टर हरेश्वर राय

स्मृति तिवारी के संचालन आ डॉ. हरेश्वर राय के ओर से अंत में आभार जतावल ए कार्यक्रम के मुख्य प्रस्तुति में से रहे। ए सभके अलावे ए कार्यक्रम में टीएम सिंह , शशि सिंह, मदन सिंह, धनञ्जय सिंह, रजनीकांत सिंह, सरिता तिवारी, पुष्प उपाध्याय, पूनम पाण्डेय, सीमा सिंह, निधा सिंह, डॉ. बिनोद रस्तोगी आ डॉ. नवीन कुमार के उपस्थिति सराहे जोग बाटे।

  • Share on:
Loading...