'बिहार के बेटी कवनो मामला में केहु से कम नईखी, फ़ैशन होखे चाहे दोसर कुछ'

फ्रीडम मिस बिहार 2017 सानिया राज (बीच में), रूपाली (बाएँ) अवुरी नवम सिंह (दाहिने)

फ्रीडम मिस बिहार 2017 सानिया राज (बीच में), रूपाली (बाएँ) अवुरी नवम सिंह (दाहिने)

बिहार के राजधानी पटना में आयोजित 'फ्रीडम मिस बिहार 2017' प्रतियोगिता में पहिला स्थान प आइल सानिया राज के कहनाम बा कि "बिहार के बेटी केहु से कम नईखी, फेर उ फ़ैशन होखे चाहे दोसर कुछ।"

राज्य के मुजफ्फरपुर जिला निवासी सानिया फिलहाल 11वां के छात्रा बाड़ी अवुरी बॉलीवुड अभिनेत्री प्रियंका चोपड़ा के आपन आदर्श मानेली। मीडिया संगे बातचीत के दौरान सानिया कहली कि "मिस बिहार प्रतियोगिता में भाग लिहल अवुरी जीतल, हमरा खाती दुनो बहुत प्रमुख बा।"

Miss Bihar 2017
फ्रीडम मिस बिहार 2017 प्रतियोगिता में सानिया राज (बीच में) के पहिला स्थान मिलल, रूपाली (दाहिने) के दूसरा अवुरी नवम सिंह (बाएँ) के तीसरा स्थान मिलल।

उ कहली कि "बिहार के बेटी केहु से कवनो मामला में कम नईखी। बस ओ लोग के एगो मंच के जरूरत बा अवुरी परिवार के सहयोग के जरूरत बा। दुनो जदी मिल जाए त हमनी के (बिहार के बेटी) दुनिया भर में राज्य के नाम चमका देवे के।"

Miss Bihar 2017
मुजफ्फरपुर जिला निवासी सानिया फिलहाल 11वां के छात्रा बाड़ी अवुरी बॉलीवुड अभिनेत्री प्रियंका चोपड़ा के आपन आदर्श मानेली।

शनिवार के पटना में आयोजित संवाददाता सम्मेलन में 'फ्रीडम मिस बिहार 2017' में दूसरा स्थान प आइल रूपाली एगो सवाल के जवाब में कहली कि उ 'मिस वर्ल्ड 2017' मानुषी छिल्लड़ से बहुत प्रभावीत बाड़ी अवुरी उनुका के देख-देख के सीखे के कोशिश करेली। उ कहली जहां तक फ़ैशन के बात बा त ए मामला में बॉलीवुड अभिनेत्री सोनम कपूर उनुकर आदर्श बाड़ी।

खगडि़या के निवासी रूपाली कहली कि "हमार इच्छा बा कि जईसे शिक्षा के क्षेत्र में केरल के नाम आवेला, ओसही फ़ैशन के क्षेत्र में बिहार के नाम आवे। बिहार 'ब्‍यूटी ऑफ इंडिया' कहाए।"

Miss Bihar 2017
सानिया कहली कि "बिहार के बेटी केहु से कवनो मामला में कम नईखी। बस ओ लोग के एगो मंच के जरूरत बा अवुरी परिवार के सहयोग के जरूरत बा। दुनो जदी मिल जाए त हमनी के (बिहार के बेटी) दुनिया भर में राज्य के नाम चमका देवे के।"

फैशन के अलावे मेडिकल के क्षेत्र में अपना भविष्य के देखत रूपाली आगे कहली कि 'फ्रीडम मिस बिहार 2017' में दूसरा स्थान प अईला के बाद अच्छा लागता। इहाँ से हमरा सपना के शुरूआत होखता। हां, कुछ गलती भईल बा, लेकिन बहुत सीखे के मिलल बा।

Miss Bihar 2017
रूपाली एगो सवाल के जवाब में कहली कि उ 'मिस वर्ल्ड 2017' मानुषी छिल्लड़ से बहुत प्रभावीत बाड़ी अवुरी उनुका के देख-देख के सीखे के कोशिश करेली।

बुधवार के राजधानी पटना के श्रीकृष्‍ण मेमेरियल हॉल में आयोजित 'फ्रीडम मिस बिहार 2017' प्रतियोगिता के फ़ाइनल में तीसरा स्थान प आइल नवम सिंह कहली कि ए प्रतियोगिता में तीसरा स्थान प आईल सपना के पूरा भईला जईसन बा।

पटना के रहेवाली नवम फिलहाल पांडीचेरी से विधि (एलएलबी) के पढ़ाई करतारी। मलाइका अरोड़ा खान के फ़ैशन के मामला में आदर्श मानेवाली नवम के कहनाम बा कि आज हम जहां तक पहुंचल बानी ओकरा में 50 प्रतिशत हिस्सा 'मिस वर्ल्ड 2017' में मानुषी छिल्लड़ से मिलल प्रेरणा के बाटे।

  • Share on:
Loading...